Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

Share

  1. बिहार: सीवान में सड़क हादसा में जमादार के मौत, जमुई में अज्ञात वाहन के चपेट में अइला से एक के मौत।
  2. बिहार:  सीएम नीतीश कुमार 22 गो भवन कइले उद्धघाटन, बोलले- साल बन जाई बिहार के हर जिला में इंजीनियरिंग कॉलेज के भवन।
  3. उत्तर प्रदेश: UP Budget 2022-23, आज पेश होई बजट, 6.10 लाख करोड़ के हो सकेला आकार।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी विधानसभा चुनाव जीतला के बाद भाजपा के पहिला बइठक 29 के, तय होई लोकसभा चुनाव के रणनीति।
  5. झारखंड: कारोबारी प्रेम प्रकाश के ठिकानन पs ईडी के छापा, 2019 में सरकार बदलते पलटल किस्मत; बिना मर्जी ना होत रहे अधिकारियन के ट्रांसफर पोस्टिंग।
  6. बिहार आ यूपी के 20 विधानपरिषद सीट पs चुनाव 29 जून के।
  7. यासीन मलिक के उम्रकैद, कोर्ट में बोलल- आतंकी साबित हो जाई तs फांसी होई मंजूर।
  8. अमेरिका के आपत्ति के बावजूद रूस से सस्ता तेल किनत रही भारत।
  9. 30 साल कांग्रेस में रहल सिब्बल पार्टी छोड़ले, सपा के समर्थन से राज्यसभा जइहे।
  10. आईपीएल: बेंगुलुरू के धमाका, लखनऊ के बाहर कइलस, फाइनल अब एक डेग दूर।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-