- बिहार: 21 शराब माफियन के संपत्ति होई जब्त, इडी के भेजल गइल प्रस्ताव, समस्तीपुर के बीडीओ राय शामिल।
- बिहार: दु महीना से नइखे मिलत मनरेगा मजदूरी- मजदूरण के संख्या 1 लाख 91 हजार 619; माटी के कटाई, पौधन के रोपाई आ आवास योजना हो रहल बा प्रभावित।
- उत्तर प्रदेश: भदोही में बेकाबू ट्रक पांच लोग के रवदलस, पुलिसकर्मियन समेत दु के मौत, ट्रक चालक समेत चार घायल।
- उत्तर प्रदेश: ईद के मुबारकबाद में फूटल शिवपाल के दिल के छाला, लिखले- हम ओकरा के चले के सिखवनी आ उ हमरा के रउदत चल गइल।
- झारखंड: सीएम के नोटिस ममिला ; भाजपा प्रदेश अध्यक्ष दीपक प्रकाश दिल्ली रवाना, कानूनी सलाह लिहे।
- देश के सबसे बड़ LIC के IPO रिटेल निवेशकन खातिर आज से खुली।
- पीएम गुजरात मोदी यूरोप दौरा के अंतिम दिन फ्रांस में राष्ट्रपति इमैनुएल मैक्रों से मिलिहे।
- डेनमार्क के प्रधानमंत्री से मिलले पीएम मोदी, ‘चलो इंडिया’ नारा देले।
- जोधपुर एगो झण्डा लगवला से शुरू भइल विवाद में सुलगल, कर्फ़्यू में मनल ईद।
- आईपीएल टेबल टौपर गुजरात के मिलल पंजाब से हार, आज बैंगलुरु आ चेन्नई के बीचे टक्कर।
Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव।
परिचे-
एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।