Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: May 3, 2022

बिहार: पटना में 100 करोड़ के लागत से बनल देश के 60वां इस्कॉन मंदिर, आज होई उद्गघाटन। बिहार: बिहार में भ्रष्टाचार के आरोपित अधिकारियन के ना मिली पदोन्नति, निगरानी भेजलस 4517 कर्मियन के सूची। उत्तर

Share

  1. बिहार: पटना में 100 करोड़ के लागत से बनल देश के 60वां इस्कॉन मंदिर, आज होई उद्गघाटन।
  2. बिहार: बिहार में भ्रष्टाचार के आरोपित अधिकारियन के ना मिली पदोन्नति, निगरानी भेजलस 4517 कर्मियन के सूची।
  3. उत्तर प्रदेश: चंदौली कांड- अखिलेश बोलले- पुलिस जाति के आधार पs घटना कइलस, दर्ज होखे ह्त्या के मुकदमा।
  4. उत्तर प्रदेश: अयोध्या, राममंदिर के मजबूती ला 500 साल में आइल भूकंपन के अध्ययन, ट्रस्ट ले रहल बा कइयन गो एजेंसी के मदद।
  5. झारखंड: हेमंत सोरेन के नोटिस, अयोग्य ठहरा सकत बा चुनाव आयोग…. झारखंड में सियासी भूचाल।
  6. जर्मनी में भारतीय मूल के लोगन से बोलले पीएम मोदी- जेकरा के छोड़ले बानी, ऊ देश अब बदल गइल।
  7. यूरोप दौरा पs गइल PM मोदी डेनमार्क में रहिहे, ऊ भारत-नार्डिक समिट में हिस्सा लिहे।
  8. सीएम बदलला के चरचा के बीचे गृह मंत्री अमित शाह आज कर्नाटक के दौरा पs जइहे।
  9. वॉट्सऐप जोड़लस 13 गो नाया फीचर, एडमिन ग्रुप के मैसेज डिलीट कs पइहे।
  10. आईपीएल में कोलकाता के राजस्थान पs 7 विकेट से जीत, आज गुजरात आ पंजाब के बीचे टक्कर।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.