Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

Share

  1. बिहार: लालू आपज भरिहें राष्ट्रीय अध्यक्ष खातिर नामांकन, राजद के राष्ट्रीय छवि बनावे के कोसिस,  पहिला बेर नामांकन से लेके अधिवेशन तक दिल्ली में।
  2. बिहार: दिवाली से पहिले मिली BJP के मिली नया प्रदेश अध्यक्ष; संजीव चौरसिया, प्रदीप कुमार, प्रमोद चंद्रवंशी आ राजेन्द्र गुप्ता रेस में।
  3. उत्तर प्रदेश: नीति आयोग के तर्ज पs ‘स्टेट ट्रांसफॉर्मेशन कमीशन’ के पुनर्गठन, सीएम योगी होइहें अध्यक्ष, 2027 तक प्रदेश के बनावे के बा 1 ट्रिलियन डॉलर के अर्थव्यवस्था।
  4. उत्तर प्रदेश: पूर्वांचल के 8 जिलन में येलो अलर्ट; 30 सितंबर के मामूली बरखा के बाद आखिरी करवट लिही मानसून।
  5. झारखंड: कोरोना के बाद 2 लाख लोग लउटी रांची: ना परीक्षार्थी, ना यात्रियन के राहत, त्योहारन में रेलवे ना चलाई स्पेशल ट्रेन; 7 तक रोज आरआरबी परीक्षा।
  6. PFI पs 5 साल के बैन: टेरर लिंक के सबूत; संगही 8 सहजोगी संगठनो पs बैन सरकार कहलस- एकर गतिविधियन से देश के सुरक्षा के खतरा।
  7. राजस्थान संकट में गहलोत के क्लीन चिट, तीन नेता संसदीय कार्य मंत्री शांति धारीवाल, सचेतक महेश जोशी आ RTDC चेयरमैन धर्मेंद्र सिंह राठौड़ के कारण बताओ नोटिस जारी, 10 दिन में देवे के होई जवाब।
  8. BHU में योग कर रहल छात्रा के मौत, पंजा पs खड़ा रहे, नाक के बल गिरल, आयुर्वेद में रिसर्च करत रहली 25 साल के अनुभा।
  9. उद्धव ठाकरे के सुप्रीम कोर्ट से झटका, चुनाव आयोग तय करी असली शिवसेना केकर।
  10. 7 साल में पहिला बेर सीरिज जीते के चुनौती: भारत आ साउथ अफ्रीका के बीच पहिला टी-20 आज।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-