Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर
- बिहार: RCP बोलले- हमार औकात नितीश कुमार से बेसी बा; 1982 में ऊ सड़क पs घुमत रहस, कबो देले बाड़े ऊ IAS के परीक्षा। ललन सिंह हमरा साथे बाड़े, उनका बारे में कुछ ना कहेम।
- बिहार: नीतीश कुमार के राष्ट्रीय स्तर पs बड़ झटका, JDU के 15 पंचायत सदस्य भाजपा में शामिल। अरुणाचल आ मणिपुर के बाद अब दमन दीव से मिलल बरियार झटका।
- उत्तर प्रदेश: आईपीएस अधिकारी संभरले अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय के रजिस्ट्रार के कार्यभार। अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय भारतीय पुलिस सेवा के आईपीएस अधिकारी मुहम्मद इमरान के 2 साल खातिर प्रतिनियुक्ति के आधार प रजिस्ट्रार नियुक्त कइले रहे।
- उत्तर प्रदेश: यूपी बीजेपी अध्यक्ष आज लखनऊ में करिहें बैठक, भाजपा के पदाधिकारी होई लो शामिल। भूपेंद्र चौधरी पार्टी कार्यालय में आयोजित बैठक में जरूरी मुद्दन प करिहें चरचा।
- झारखंड: हेमन्त सोरेन सरकार आज करी नया खेल नीति के विमोचन, खिलाडियन आ कोच लोग के मिली कइयन गो सौगात।
- ज्ञानवापी केस के कोर्ट सुने लायक मनलस, 22 सितंबर के अगिला सुनवाई। वाराणसी जिला कोर्ट मुस्लिम पक्ष के दर्ज आपत्तियन के खारिज करत कहलस ई केस सुने लायक बा। कोर्ट इहो कहलस कि ई 1991 के वर्शिप एक्ट के तहत ना आवेला।
- हैदराबाद के होटल में आग: 6 के मौत, इलेक्ट्रिक स्कूटर रिचार्ज यूनिट से इमारत में फइलल रहे आग।
- गुजरात पुलिस केजरीवाल के ऑटो में बइठे से रोकलस: CM बोलले- रउआ सभे जबरदस्ती सुरक्षा दे रहल बानी; ऑटो ड्राइवर के घरे डिनर खातिर जात रहस।
- उज्बेकिस्तान में पुतिन से मिलिहें मोदी: SCO समिट के दौरान समरकंद में हाई मुलाकात, युक्रेन जंग आ फूड सिक्योरिटी पs बातचीत मुमकिन।
- 19 साल के कार्लोस US ओपन चैंपियन: स्पेन के अल्काराज नार्वे के कैस्पर रुड के हरवले, दुनिया के नंबर 1 खिलाड़ी बनले।
Comments are closed.