9 अउरी 11 तारीख के मोरध्वज, 12 अउरी 13 के अमरनाथ एक्सप्रेस रही निरस्त

कुमार आशू

रेलवे के फिरोजपुर मंडल के बारी ब्राह्मण स्टेशन पs सेटेलाइट फ्रेट टर्मिनस के काम होखला के चलते ट्रेन के संचलन प्रभावित रही। ई जानकारी पूर्वोत्तर रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार सिंह देहलें।

 

निरस्तीकरण

जम्मूतवी से नौ सितंबर के चले वाली 12492 जम्मूतवी-बरौनी मोरध्वज एक्सप्रेस निरस्त रही।
बरौनी से 11 सितंबर के चले वाली 12491 बरौनी-जम्मूतवी मोरध्वज एक्सप्रेस निरस्त रही।
गोरखपुर से 12 सितंबर के चले वाली 12587 गोरखपुर-जम्मूतवी अमरनाथ एक्सप्रेस निरस्त रही।
जम्मूतवी से 13 सितंबर के चले वाली 15098 जम्मूतवी-भागलपुर अमरनाथ एक्सप्रेस निरस्त रही।

रि-शिड्यूलिंग

कामाख्या से 11 सितंबर ले चले वाली 15655 कामाख्या-श्रीमाता वैष्णों देवी कटरा एक्सप्रेस 180 मिनट पुनर्निधारित कs के चलावल जाई।
Share This Article