Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर: भाजपा नेता के बेटा आ बेटी कइलस लो खुदकुशी

394

(जैतपुर) गोरखपुर। भाजपा के जिला उपाध्यक्ष छोटेलाल मौर्य के बेटा आ बेटी सुक के दुपहरिया में खुदकुशी कs लिहल लो। दुनो के लाश गांव के पुरान मकान में फंदा पs लटकत मिलल। सूचना पs पहुंचल पुलिस ममिला के छानबीन कs रहल बिया। दुनु के शव जिला अस्पताल के मोर्चरी में रखल गइल बा। ओने, घटना के सूचना मिलतही शुभचिंतन के भीड़ जुट गइल। जिला अस्पताल में सैकड़न के संख्या में लोग जुटल बा। ओइसे, अभी ले आत्महत्या के वजह पता नइखे चल सकल। बतावल जा रहल बा कि दुपहर में कवनो बात के लेके भाई-बहिन में विवाद भइल ओकरा बाद ऊ मौत के गले लगा लेलस लो।

खजनी थाना क्षेत्र के रामपुर मलौली निवासी छोटेलाल मौर्य भाजपा के जिला उपाध्यक्ष बाड़ें। सुक के दुपहरिया में घर पs कुछ लोग आइल रहे। ओह लो के चाय-पानी देला के बाद पुरान मकान में उनकर बेटी पूनम (23) आ बेटा सोनू (20) गइलें, उहां दुनो के शव फंदा से लटकटल मिलल। बतावल जा रहल बा कि दुनो कवनो बात के लेके खुदकुशी कर लिहल लो। हालांकि एक संगे भाई-बहिन के खुदकुशी कइला से परिवार के संगे समूचा गांव सन्न रह गइल। ऊ लोग तत्काल एकर सूचना पुलिस के दिहल। घटना के जानकारी होखला के बाद पूरा इलाका में हड़कंप मच गइल। मौका पs लोगन के भीड़ जुट गइल। पुलिस शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज देले बिया। पुलिस के कहनाम बा कि ममिला के जांच कइल जा रहल बा। पोस्टमार्टम के बादे मौत के असल वजह पता चल पाई।

पांच बच्चन में बड़ रहे लोग पूनम आ सोनू

छोटेलाल मौर्या के पांच बच्चा बाड़े। जेमे 3 लइकी आ 2 लइका बा लो। सबसे बड़ बेटी पूनम सेंटएंड्रयूज से लॉ करत रहली। पूनम के बाद दूसरा नंबर के बेटा सोनू उर्फ सन्नी बीए में एडमिशन खातिर प्रयासरत रहले। स्थानीय लोगन के मोताबिक पूनम आ सन्नी सबेरे साढ़े ग्यारह बजे तक घर पs आइल लो कुछ लोगन के चाय पानी दिहल। एकरा बाद भाई बहिन दुनो में कवनो बात के लेके बहस हो गइल। एक बजे के आसपास नया घर के पीछे पुरान मकान बा, उहवें दुनो एके कमरा में फंदे लगा लिहल लो। आउर तीन बच्चन में पूजा तीसरा नम्बर के बेटी, ओहिजा प्रीति चउथा नम्बर के बेटी जबकि रवि प्रताप पांचवा नम्बर के बेटा बाड़े।

साभार: हिन्दुस्तान

314020cookie-checkगोरखपुर: भाजपा नेता के बेटा आ बेटी कइलस लो खुदकुशी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.