Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

‘गलत बयानबाजी जन करस मोदी’, खरगे लिखले प्रधानमंत्री के चिट्ठी; कहले – मिलके समझाइब कांग्रेस के घोषणापत्र

216

पीएम मोदी कांग्रेस के घोषणापत्र के जिक्र करत घरी मुस्लिम समुदाय पऽ टिप्पणी कइलें रहलें। पीएम मोदी के बयान पऽ कांग्रेस के ओर से गंभीर प्रतिक्रिया सामने आइल । कांग्रेस के कहनाम बा कि पीएम मोदी कांग्रेस घोषणापत्र ले लेके जवन बात कहले बाड़न उऽ झूठ बा। कांग्रेस के 50 पन्ना के घोषणापत्र में कही संपत्ति के बंटवारा के जिक्र नइखे।

लोकसभा चुनाव के प्रचार के दौरान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी लगातार कांग्रेस के घोषणापत्र पऽ सवाल उठा रहल बाड़न। कुछ दिन पहिले पीएम मोदी संपत्ति के बंटवारा के लेके राजस्थान के बांसवाड़ा में कांग्रेस के घोषणा पत्र के जिक्र कइले रहलें।

पीएम मोदी से मिलल चाहऽ ताड़न खरगे

पिछला कुछ दिन से कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे पीएम मोदी से मिले के कोशिश कर रहल बाड़न। उऽ कहले हऽ कि उऽ पीएम मोदी से खुद मिल के ई बतावल चाहत बाड़े कि संपत्ति के बंटवारा के कवनो जिक्र कांग्रेस मेनिफेस्टो में नइखे

पीएम मोदी के गलत जानकारी दे रहल बाड़े उनकर सलाहकार: कांग्रेस

कांग्रेस पत्र लिखत घरी पीएम मोदी से मिले के माँग कइलस। पत्र में मल्लिकार्जुन खरगे ने लिखले,”कांग्रेस न्याय पत्र के उद्देश्य युवाव लो, महिला लो, किसानन, मजदूरन आ सब जातियन आ समुदायन के हाशिए पऽ रहे वाला लोगन के न्याय प्रदान कइल बा।

रउआ (पीएम मोदी) सलाहकारन द्वारा रउआ के उऽ चीजन के बारे में गलत जानकारी दिहल जा रहल बा जवन हमनी के घोषणापत्र में नइखे लिखल गइल। एहिसे हमनी के न्याय पत्र के समझावे खातिर रउआ से व्यक्तिगत रूप से मिलल चाहब ताकि देश के प्रधानमंत्री के रूप में रउआ कवनो गलत बयान ना दीं।”

कांग्रेस प्रमुख प्रधानमंत्री के लिखल अपना पत्र में कहले, “संदर्भ से हट के कुछ शब्दन के पकड़ लिहल आ सांप्रदायिक विभाजन पैदा कइल राउर आदत बन गइल बा। रउआ एह तरे से बोल के कुर्सी के गरिमा कम कर रहल बानीं।” उऽ इहो कहले कि उऽ प्रधानमंत्री के ओर से अपना हाले के भाषण में इस्तेमाल कइल गइल भाषा से ना तऽ हैरान बाड़न आ नाहीं आश्चर्यचकित बाड़न।

चुनाव आयोग मोदी-राहुल के बयान पऽ मांगलस जवाब

चुनाव प्रचार के दौरान पीएम मोदी आ राहुल गांधी के विवादित बयानन से चुनाव आयोगो आज चिंता जाहिर कइलस। बीजेपी आ कांग्रेस दुनु धर्म, जाति, समुदाय भा भाषा के आधार पऽ नफरत आ विभाजन पैदा करे के आरोप लगवले रहे। चुनाव आयोग ए मामले पऽ 29 अप्रैल के भोर 11 बजे ले जवाब मंगले बा।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.