Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पीएम मोदी-राहुल गांधी के बयान प EC के कार्रवाई, कांग्रेस-भाजपा के नोटिस भेजल, 29 अप्रैल तक जवाब मांगल गइल

198

लोकसभा चुनाव 2024 : पीएम मोदी आ राहुल गांधी के भाषण के लेके चुनाव आयोग भाजपा आ कांग्रेस के नोटिस जारी कइले बा। चुनाव आयोग भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा आ कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खर्गे से 29 अप्रैल ले जवाब मँगले बा ।

आदर्श आचार संहिता के उल्लंघन के मामला में चुनाव आयोग प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ राहुल गांधी के खिलाफ कार्रवाई कइले बिया। पीएम मोदी आ राहुल गांधी के भाषण के लेके चुनाव आयोग भाजपा आ कांग्रेस के नोटिस जारी क देले बा। चुनाव आयोग भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा आ कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खर्गे से 29 अप्रैल ले जवाब मँगले बा ।

बता दीं कि कांग्रेस प्रधानमंत्री मोदी के शिकायत चुनाव आयोग से कइले रहे आ भाजपा राहुल गांधी के शिकायत कइले रहे। दरअसल, चुनाव आयोग प्रधानमंत्री मोदी के संगे-संगे कांग्रेस के नेता मल्लिकार्जुन खर्गे आ राहुल गांधी के ओर से मॉडल आचार संहिता के कथित उल्लंघन के संज्ञान लेले बा। चुनाव आयोग कहलस कि राजनीतिक दल के अपना उम्मीदवार आ स्टार प्रचारक के आचरण के प्राथमिक आ बढ़त जिम्मेदारी लेवे के पड़ेला। चुनाव आयोग कहलस कि शीर्ष पद प बईठे वाला नेता के चुनावी भाषण के नतीजा बेसी गंभीर बा।

राजस्थान के बांसवाड़ा में प्रधानमंत्री मोदी के दिहल भाषण के लेके कांग्रेस आ बाकी विपक्षी दल के शिकायत प चुनाव आयोग भाजपा प्रमुख जेपी नड्डा से जवाब मंगले बा। चुनाव आयोग प्रधानमंत्री मोदी आ राहुल गांधी प आचार संहिता के उल्लंघन के आरोप भाजपा आ कांग्रेस के मुखिया से साझा क के 29 अप्रैल तक उनकर जवाब मंगले बा।

803050cookie-checkपीएम मोदी-राहुल गांधी के बयान प EC के कार्रवाई, कांग्रेस-भाजपा के नोटिस भेजल, 29 अप्रैल तक जवाब मांगल गइल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.