17% तक महंगा हो सकत बा मोबाइल रिचार्ज : 5G सर्विस खातर लागी 5-10% जादे चार्ज, जून-जुलाई से टैरिफ बढ़ा सकत बाड़ी सs टेलीकॉम कंपनी

Share

टेलीकॉम कंपनी मोबाइल सर्विस के अलग-अलग प्लान्स के टैरिफ बढ़ावे जा रहल बाड़ी सs। एंटीक स्टॉक ब्रोकिंग के रिपोर्ट के मोताबिक, एह साल मोबाइल सर्विस के टैरिफ 15-17% तक बढ़ सकेला । ओहिजा, जियो आ एयरटेल अपना प्रीमियम यूजर्स के दे रहल अनलिमिटेड डेटा बंद कs सकत बाड़ी सs।

टैरिफ में बढन्ती के फैसला जून-जुलाई तक कंपनी कs सकत बाड़ी सs। कुछ आउर एक्सपर्ट्स के माने के बा कि मोबाइल फोन सर्विस 20% तक महंगा हो जाई। ओहिजा, 4G के मुकाबले 5G सर्विस खातिर 5-10% तक जादे चार्ज वसूलल जा सकत बा।

कंपनी 2-3 किस्तन में टैरिफ बढ़ा सकत बाड़ी सs

मार्केट शेयर के हिसाब से देस के दूसरका बड़ टेलीकॉम कंपनी भारती एयरटेल तीन साल में ‘रेवेन्यू पर यूजर’ (RPU) माने प्रति यूजर औसत कमाई 208 रुपिया से बढ़ाके 286 रुपए तक ले जाइल चाहत बिया। एकरा खातिर टैरिफ में करीब 55 रुपिया के बढन्ती कंपनी कs सकत बिया। ओहिजा, जियो अपना  टैरिफ में एह साल औसतन 15% के बढन्ती कs सकत बाड़ी सs।

निवेश पर कम रिटर्न के भरपाई के प्रयास

बैंक ऑफ अमेरिका के मोताबिक, भारतीय टेलीकॉम कंपनी ने 5G स्पेक्ट्रम पs बड़ अमाउंट खर्च कइले बाड़ी सs। एकरा अनुपात में ROCE (रिटर्न ऑफ कैपिटल एम्पलॉयड) माने खर्च के अनुपात में कमाई, बहुते कम बा। अनलिमिटेड प्लान रहलो के वजह से कंपनियन के आय अब तक कम रहल बा।

नवंबर 2021 में महंगा भइल रहे टैरिफ प्लान

मोबाइल टैरिफ में पिछला बढन्ती नवंबर, 2021 में कइल गइल रहे। ओह समय वोडाफोन आइडिया करीब 20%, भारती एयरटेल आ जियो 25% टैरिफ बढ़वले रहे। केबल.को.यूके के एगो रिपोर्ट के मोताबिक, भारतीयन के 1GB डेटा खातिर औसतन 13.34 रुपिया चुकावे के पड़ेला।

देश में अभी 116 करोड़ से जादे मोबाइल सब्सक्राइबर्स

भारत में टेलीकॉम कंपनियन के लेखा-जोखा रखे वाली संस्था टेलीकॉम रेगुलेटरी अथॉरिटी ऑफ इंडिया (TRAI) के फरवरी 2024 के आंकड़न के मोताबिक, जनवरी 2024 के मुकाबले फरवरी में देसभर में 39,30,625 मोबाइल सब्सक्राइबर्स बढ़लें । जनवरी में जहां देसभर में 116.07 करोड़ मोबाइल सब्सक्राइबर्स रहे, फरवरी में एकर संख्या बढ़के 116.46 करोड़ हो गइल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-