विश्व के वैज्ञानिकन के रैंकिंग में MMMUT के 114 शिक्षक, जानीं कवना खास विषय पs कइले बा लो शोध

Anurag Ranjan
- Sponsored Ads-


मदन मोहन मालवीय प्रौद्योगिकी विश्वविद्यालय में शिक्षा के संगे रिसर्च के गुणवत्ता लगातार बेहतर हो रहल बा। एमएमएमयूटी के 114 शोधकर्तन के एडी साइंटिफिक रैंकिंग के वर्ल्ड साइंटिस्ट रैंकिंग-2025 में जगह मिलल बा। एह शोधकर्तन में शिक्षक आ शोध छात्र सामिल बा लो।

खास बात ई बा कि उत्कृष्ट रिसर्च करे वाला वैज्ञानिकन के एह विश्वस्तरीय रैंकिंग में एमएमएमयूटी के शोधकर्ता एक साल में दुगुना छलांग लगवले बा लो। पिछलका साल एही रैंकिंग में विश्वविद्यालय के 58 शोधकर्तन के जगह मिलल रहे। जबकि अबकी बेर लगभग दोगुना शोधकर्तन के जगह मिलल बा। पिछलका साल के मुकाबले एह साल आई-10 इंडेक्स के आधार पs विश्वविद्यालय के रैंकिंग में बड़ उछाल आइल बा।

- Sponsored Ads-

वैज्ञानिक शोध के मानकन पs होखे वाला आई-10 इंडेक्स के आधार पs विश्वविद्यालय के देस में एह साल 172वां रैंक बा। जबकि पिछलका बरिस ई 229 रहे। एही तरे, एशिया में एह साल 800वां रैंक बा। जबकि पिछलका साल ई 1033 रहे। विश्व स्तर पs पिछलका साल विश्वविद्यालय के रैंक 2797 रहे। जबकि एह साल 2186वीं रैंक बा।

रैंकिंग में सरकारी विश्वविद्यालन के अलग से रैंकिंग कइल जाला। एमे आई-10 इंडेक्स के आधार पs विश्वविद्यालय के रैंकिंग में अच्छा सुधार आइल बा। सरकारी विश्वविद्यालयन में देस में एह साल विश्वविद्यालय के 143वां रैंक, एशिया में 632वां रैंक आ विश्व में 1793वां रैंक मिलल बा।जबकि पिछलका साल ई क्रमशः 182, 791 आ 2244 रहे।

दु साल में बदल गई सूरत

विश्वविद्यालय के अधिष्ठाता शोध आ विकास प्रो. राकेश कुमार बतवलें कि शोध के गुणवत्ता मपला के तरीका आउर प्रचलित प्रणालियन से तनिका अलग बा। 2021 में प्रो. म्यूरत अल्पर एवं प्रो. सिहान डेयर द्वारा एडी साइंटिफिक इंडेक्स (एल्पर-डेयर साइंटिफिक इंडेक्स) विकसित कइल गइल बा।

ई प्रणाली संस्थानन, पत्रिकन आ विश्वविद्यालयन के समग्र मूल्यांकन के स्थान पs व्यक्तिगत शोधकर्तन के शोध प्रकाशन, एच इंडेक्स आ शोध उत्पादकता संबंधी नव मापदंडन पs कुल बारह विषय के क्षेत्रन में शोधकर्तन के रैंकिंग प्रकाशित करेला।

Read Also: 10 जनवरी 2025 के राशिफल

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment