Gorakhpur: आ गइल डीएम के आदेश, अब एतना दिन खातीर बढ़ावल गइल 12वीं तक के छुट्टी

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 12, 2025

गोरखपुर में शीतलहर अवुरी भयंकर ठंड के चलते अब जिला प्रशासन के ओर से 12वीं तक के सभ स्कूल के छुट्टी 15 जनवरी तक बढ़ा दिहल गईल बा। डीएम कृष्ण करुणेश बच्चा के सुरक्षा के

Share

गोरखपुर में स्कूलन के शीतलहरी के छुट्टी

गोरखपुर में शीतलहर अवुरी भयंकर ठंड के चलते अब जिला प्रशासन के ओर से 12वीं तक के सभ स्कूल के छुट्टी 15 जनवरी तक बढ़ा दिहल गईल बा। डीएम कृष्ण करुणेश बच्चा के सुरक्षा के ध्यान में राखत इs फैसला लेले बाड़े।

एकरा से पहिले 9 जनवरी ले स्कूल बंद रहे के आदेश दिहल गईल रहे, जवना के बढ़ा के 12 जनवरी तक कs दिहल गईल रहे। अब मौसम के बिगड़त हालात के देखत 15 जनवरी तक छुट्टी बढ़ावल गईल बा।

अगर कवनो स्कूल खुलल मिलल तs कार्रवाई होई
डीएम कड़ा निर्देश देले बाड़े कि छुट्टी के दौरान कवनो स्कूल खुलल मिलल तs ओकरा खिलाफ अनुशासनात्मक कार्रवाई कईल जाई। साथही स्कूलन के निर्देश दिहल गइल बा कि लइकन के स्कूल में जबरन ना आवे के कहल जाव 15 जनवरी के बाद स्कूल खोले के फैसला मौसम के स्थिति के ध्यान में राखत लिहल जाई।शीतलहर के चलते स्कूल बंद बा गोरखपुर में शीतलहर पिछला कुछ दिन से लगातार बढ़ रहल बा। ठंडा हवा जिला के घेर लेले बा।

इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: पाचन क्रिया होई दुरुस्त, करीं दूर इs तीन गो yoga

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.