PayCM पोस्‍टर में कइल गइल फोटो के गलत इस्‍तेमाल, एक्‍टर अखिल कांग्रेस के देहलें कानूनी कार्रवाई के चेतावनी

कुमार आशू

कर्नाटक में कांग्रेस के ‘पेसीएम’ पोस्टर काफी चर्चा में बनल बा। एह अभियान के ले के बडी बवाल भइल बा। अब बेंगलुरु के एगो अभिनेता अखिल अय्यर कांग्रेस के कानूनी कार्रवाई के धमकी देहले बानें। उ कहलें कि उनकर तस्वीर के इस्तेमाल उनके मर्जी के बिना कइल गइल रहे।

दरअसल, कर्नाटक के सीएम बसवराज बोम्मई के छवि वाले ‘PayCM पोस्टर’ पूरा बेंगलुरु में लगावल गइल बा। पोस्टर में से एक में अखिल अय्यर के तस्वीर के इस्तेमाल कइल गइल रहे अउर लिखल गइल, “का रउआ अभिनो सुन्न बानीं?”, “40% सरकार 54,000 से बेसी युवा लोग के करिअर के लूट लिहले रहे।”

एक्टर ट्वीट कs लिखले ई बात

अभिनेता अखिल अय्यर अपने फोटो के ‘अवैध’ इस्तेमाल के ले के कहलें, “हम ई देख के हैरान बानी कि हमार चेहरा के अवैध रूप से इस्तेमाल कइल जा रहल बा अउर उहों हमरे बिना कौनो सहमति के। हमार एसे कुछुओ लेना-देना नाइ बा। हम एकरे खिलाफ कानूनी कार्रवाई करब।” उ पोस्ट में कांग्रेस नेता राहुल गांधी अउरी सिद्धारमैया के टैग कइलें अउरी उनसे मामिला के देखे के निहोरा कइलें।

का ह कांग्रेस के ‘पेसीएम’ पोस्टर अभियान

दरअसल, कर्नाटक में कांग्रेस मुख्यमंत्री बसवराज बोम्मई पs निशाना साधे खातिर अपने ‘PayCM’ पोस्टर अभियान के अउरी तेज कर दिहले बा। शुक्क के बेंगलुरु के लग्गे नेलमंगला में भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के कार्यालय में ‘पेसीएम’ के पोस्टर लगावल गइल। कांग्रेस बाद में अपने पेसीएम अभियान के तस्वीर मीडिया के संगे साझा कइलस।

कांग्रेस के अभियान के तहत लगावल गइल पोस्टर में बनल क्यूआर कोड के बीच में बोम्मई के चेहरा के तस्वीर लगावत लिखल गइल रहे, “40 फीसदी इहां लिहल जाला।” खबर के अनुसार एह क्यूआर कोड के स्कैन कइले पर लोग कांग्रेस के रिश्वतखोरी के शिकायत खातिर हाल में शुरू कइल गइल ’40 प्रतिशत सरकार’ वेबसाइट पर पहुंच जाला। कांग्रेस के आरोप बा कि कर्नाटक सरकार ठेकेदारन के लोक निर्माण कार्य के ठेका देबे खातिर उनसे 40 प्रतिशत कमीशन लेले।

Share This Article