Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दानापुर के बीजेपी नेता के लापता बेटा नोएडा में मिलल :6 दिन बाद पुलिस खोज निकललस

39

दानापुर के बीजेपी नेता राजेश कुमार सिंह के लापता बेटा आशु छव दिन बाद दिल्ली से बरामद भइल बा। पुलिस ओकर सोशल मीडिया एक्टिविटी के माध्यम से ग्रटर नोएडा तक पहुंचल आ ओकरा के लेके वापस पटना आ रहल बिया। ममिला शाहपुर थाना क्षेत्र के डिफेंस कॉलोनी के हs।

पुलिस बीजेपी नेता के बेटा के पटना सहित आसपास के जिलन में खोजबीन कs चुकल रहे। आशु के लैपटॉप आ मोबाइल मिलला के बाद ओकरा दिल्ली में होखे के जानकारी मिलल। दानापुर थानाध्यक्ष सहित पुलिस के टीम दिल्ली रवाना भइल आ आशु के सकुशल बरामद कs लेलस। अब ओकरा के दानापुर ले आवे के बाद एह बात के खुलासा होई कि ओकर अपहरण भइल रहे कि ऊ खुद भागल रहे।

बता दीं कि बीजेपी नेता राजेश के बेटा 21 जून के अपना घर से सीवान के दुरौंधा में बी फार्मा के एग्जाम देवे गइल रहे। ओकरा बाद ऊ घरे ना लवटल। जुवक के पिता राजेश कुमार सिंह अपहरण के आशंका जतावत दानापुर थाना में तीन जुवकन के नामजद करत लिखित आवेदन देलस। करवाई करत पुलिस नामजद दुगो अभियुक्त शिवम आ रिक्की के हिरासत में लेके पूछताछ कइले रहे।

पुलिस के दुनो लापता से आशु के कवनो ठोस सुराग ना मिलल। एगो आउर नामजद आरोपी मयंक पुलिस के गिरफ्त से बाहर रहे। ओहि दौरान पुलिस गोला रोड टी पाइंट एटीएम के सीसीटीवी फुटेज में अगवा छात्र आशु समेत तीन गो  आउर जुवकन के मुंह पs गमछा लगाके एटीएम से 10 हजार निकासी करे के तस्वीर मिलल रहे। दानापुर एएसपी दीक्षा बतवली की लापता आशु के दिल्ली से सकुशल बरामद कइल जा चुकल बा।

876650cookie-checkदानापुर के बीजेपी नेता के लापता बेटा नोएडा में मिलल :6 दिन बाद पुलिस खोज निकललस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.