मीडिया रिपोर्ट्स के मानल जाव त सुष्मिता सेन, अपने अपकमिंग वेब सीरीज में जानल मानल ट्रांसजेंडर गौरी सावंत के किरदार निभावे वाला बाड़ी। अभिनेत्री इस वेब सीरीज के जरिए एक्टिविस्ट गौरी सावंत के जिंदगी के दुनिया के सामने लावे जा रहल बा। बता देईं कि गौरी सावंत न केवल ट्रांसजेंडर समुदाय के हक में आवाज उठावेली बलुक उनके समाज में इज्जत अउर सम्मान दियावे खातिर बहुत काम भी कइलस। हालांकि, रिपोर्ट्स के मुताबिक वेब सीरीज में गौरी अउर उनकर गोद लीहल बच्ची के रिश्ता दिखावल जाई।

सुष्मिता के पसंद आइल गौरी के किरदार
खबरन के मानल जाव त जब सुष्मिता सेन के एह वेब सीरीज खातिर अप्रोच कइल गइल त उनके ट्रांसजेंडर गौरी के किरदार बहुत पसंद आइल। बता देईं कि गौरी सावंत, सखी चार चौघी ट्रस्ट के संस्थापक अउरी निदेशक हई। उ, सेफ सेक्स खातिर जागरुकता फैलावे अउरी ट्रांसजेंडर समाज के समस्या से लड़ले खातिर, साल 2000 में एकर शुरुआत कइल गइल।

6 एपिसोड में दिखावल जाई गौरी के जिंदगी के कहानी
रिपोर्ट्स में एह बात के भी जानकारी दीहल गइल बा कि सुष्मिता सेन, गौरी सावंत पs आधारित वेब सीरीज के शूटिंग नवंबर महीना से शुरू करे जा रहल बा। हालांकि, अभिन ले एह पर कौनो आधिकारिक जानकारी साझा नाइ भइल बा। रिपोर्ट्स में इहो कहल जा रहल बा कि सुष्मिता सेन, एह वेब सीरीज के कंपलीट कइले के बादे, अपने हिट वेब सीरीज ‘आर्या 3’ पर काम शुरू करिहें।
Post Views: 17









