मुखबिर: फिर पलटल जाई भारत के इतिहास के पन्ना, स्पाई थ्रिलर सीरीज ‘मुखबिर’ के धांसू टीजर जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 21, 2022

ओटीटी प्लेटफॉर्म के बढ़त लोकप्रियता के देखत विभिन्न डिजिटल प्लेटफॉर्म के मेकर्स लगातार दर्शकन खातिर नए-नए कंटेंट पेश कर रहल बानें। एही बीच मशहूर अउर लोकप्रिय ओटीटी प्लेटफार्म जी5 अपने नयका सीरीज मुखबिर- द स्टोरी

Share

ओटीटी प्लेटफॉर्म के बढ़त लोकप्रियता के देखत विभिन्न डिजिटल प्लेटफॉर्म के मेकर्स लगातार दर्शकन खातिर नए-नए कंटेंट पेश कर रहल बानें। एही बीच मशहूर अउर लोकप्रिय ओटीटी प्लेटफार्म जी5 अपने नयका सीरीज मुखबिर- द स्टोरी ऑफ ए स्पाई के टीजर जारी कs दिहले बानें। शिवम नायर अउर जयप्रद नायक द्वारा निर्देशित ई सीरीज पाकिस्तान में भारत के एक एजेंट के प्रेरक कहानी पर आधारित बा।
विक्टर टैंगो एंटरटेनमेंट द्वारा निर्मित ई श्रृंखला आठ एपिसोड के एक सीरीज बा, जौन ओ गुमनाम नायक पs आराधित बा, जौन देश के सुरक्षा में आपन जीवन न्यौछावर कs देत बानें। ई सीरीज देश के उन वीरन के कहानी ह, जौन बिना कौनो स्वार्थ के अपने देश पर आपन जान ले कुर्बान कर दीहलें। ई सीरीज 11 नवंबर से ओटीटी प्लेटफॉर्म जी5 पर स्ट्रीम कइल जा सकी। सीरीज के टीजर जारी करत जी5 इंस्टाग्राम पs पोस्ट शेयर कइले बानें। पोस्ट के शेयर करत ऊ कैप्शन में लिखलें- वक्त आ गइल बा, भारत के इतिहास के पन्ना के दूबारा पलटले के- 1965 के जंग। देश के उम्मीदें टिकल बा, मुखबिर पर।

 

मुखबिर- द स्टोरी ऑफ ए स्पाई सीरीज एह साल जी5 पर अपने प्रीमियर खातिर पूरा तरह तैयार बा। सीरीज में जैन खान, दुर्रानी प्रकाश, राज आदिल हुसैन, बरखा बिष्ट, हर्ष छाया, सत्यदीप मिश्रा अउर जोया अफरोज जइसे कलाकार मुख्य भूमिका में बानें। मुखबिर- द स्टोरी ऑफ ए स्पाई भारत के गुप्त एजेंट के अनकही कहानी ह, जौने भारत के खुफिया जानकारी प्रदान कर देश के 1965 के युद्ध में जीत दियावे में मदद कइलें रहे।

 

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.