पंजाब प्रांत के गृह विभाग शुक्रवार के मुख्यमंत्री चौधरी परवेज इलाही के प्रांत के जेल में बंद ईसाई, हिंदू अउरी सिख कैदियन खातिर सजा अवधि में तीन से छह महीना के छूट देहलें के बात कहल गइल बा। एक वरिष्ठ अधिकारी जानकारी देत बतवलें कि पंजाब सरकार के गृह विभाग मुख्यमंत्री के ई प्रस्ताव भेजले बा।
पंजाब के जेल सेवा के मुताबिक, पवित्र कुरान के याद करे वाले मुस्लिम कैदियन के सजा के अवधि में छह महीना से दो साल तक ल छूट मिल सकत बा। एह प्रस्ताव के मंजूरी के कैबिनेट के मंजूरी खातिर भेजल जाई। एकरे बाद गृह विभाग हिंदू अउर ईसाई कैदियन के सजा अवधि में कमी संबंधी अधिसूचना जारी करी। उ कहने कि एह कदम से अल्पसंख्यक समुदाय से ताल्लुक रखे वाले कैदी अपने पवित्र धर्म ग्रंथों के अध्ययन करे खातिर प्रेरित होइहें। एक अनुमान के मुताबिक, वर्तमान में पंजाब प्रांत के 34 जेलन में ईसाई, हिंदू अउरी सिख सहित 1,188 अल्पसंख्यक कैदी बानें।