[the_ad_group id="30365"]

महादेव के जल चढ़ावे शिवालयन में उमंडलें श्रद्धालू, बम-बम भोले से गूंजल आसमान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवन के देव महादेव के प्रिय श्रावण मास के तीसरा सोमवार आज ह। श्रद्धालु सुबह तीन बजे से ही शिवालयन में जलाभिषेक अउरी पूजन-अर्चन कर भगवान शिव के प्रसन्न कइलें में जुटल बाड़ें लोग।

सोमवार के महादेव झारखंडी, मुक्तेश्वरनाथ, मानसरोवर आदि शिवालयन में होखे वाला भक्तन के भीड़ के देखत रविवार के मंदिर प्रबंधन तैयारी में जुटल रहल।

वाराणसी से प्रकाशित हृषीकेश पंचांग के अनुसार, सोमवार के पूर्वाफाल्गुनी अउरी उत्तराफाल्गुनी दूनों नक्षत्र के सुयोग बा। चंद्रमा के स्थिति कन्या राशि में बा अउरी राशि स्वामी व्यापार के वृद्धि करे वाला बुध ग्रह बानें।

sawan 2022
एह दिन ध्वज नामक औदायिक योग ह। एह योग में महादेव के जलाभिषेक अउरी पूजन-अर्चन से श्रद्धालुन के चतुर्दिक उन्नति के मार्ग प्रशस्त होई। ज्योतिर्विद पंडित नरेंद्र उपाध्याय के अनुसार, सोमवार के शिवालय जाके पंचाक्षरी मंत्र के साथ दूध, दही, घी, शहद, शक्कर, पंचामृत, इत्र, फल के रस, गंगाजल से भगवान भोलेनाथ का जलाभिषेक करीं।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]