जमुई। जिला के खैरा प्रखंड अंतर्गत हरखार पंचायत के मुखिया मुन्ना साव के घर पऽ छापेमारी कs के पुलिस मिनी गन फैक्ट्री के पर्दाफाश कइलस।
मवका से भारी मात्रा में निर्मित आ अर्धनिर्मित हथियार बरामद कइला के संगही चार लोगन के गिरफ्तार कइल गइल बा। गिरफ्तार लोग कारीगर बतावल जा रहल बा। एमे दुगो मुंगेर आ दुगो कोलकाता के रहे वाला हs लो।
गिरफ्तार लोगन द्वारा दिहल गइल जानकारी पऽ मुख्यालय के कल्याणपुर इस्थित गुड्डू सिंहा के घर से निर्मित आ अर्धनिर्मित हथियार बरामद कइल गइल। एसपी प्रेस कॉन्फ्रेंस कs के एह ममिला के पूरा जानकारी देलें।
Read Also: Share Market : सेंसेक्स आ निफ्टी में बढ़त के संगे सुरुआत, डॉलर के मुकाबले रुपिया में मजबूती
Post Views: 11