Share Market : सेंसेक्स आ निफ्टी में बढ़त के संगे सुरुआत, डॉलर के मुकाबले रुपिया में मजबूती

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 6, 2025

बिजनेस डेस्क। रिजर्व बैंक के मौद्रिक नीति के फैसला से पहिले सतर्कता आ बिदेसी पूंजी निकासी के बीच बुध के बेंचमार्क सूचकांक सेंसेक्स आ निफ्टी सुरुआती बढ़त गंवा देलस आ गिरावट के संगे कारोबार करते

Share

Sensex : सेंसेक्स

बिजनेस डेस्क। रिजर्व बैंक के मौद्रिक नीति के फैसला से पहिले सतर्कता आ बिदेसी पूंजी निकासी के बीच बुध के बेंचमार्क सूचकांक सेंसेक्स आ निफ्टी सुरुआती बढ़त गंवा देलस आ गिरावट के संगे कारोबार करते लउकल।

सुरुआती कारोबार में 30 शेयरन वाला बीएसई सेंसेक्स 124.18 अंक भा 0.15 प्रतिशत चढ़के 80,834.43 अंक पs पहुंच गइल। 50 शेयरन वाला एनएसई निफ्टी 21.85 अंक बढ़के 24,671.40 अंक पs पहुंच गइल रहे।

बाद में, दुनो बेंचमार्क सूचकांक सुरुआती बढ़त गंवा देलस आ गिरावट के संगे कारोबार करत रहे। बीएसई बेंचमार्क 82.53 अंक गिरके 80,627.72 पs आ एनएसई निफ्टी 29 अंक गिरके 24,620.55 पs पहुंच गइल।

सेंसेक्स के कंपनियन में एचसीएल टेक्नोलॉजीज, इंफोसिस, सन फार्मास्यूटिकल्स, टेक महिंद्रा, इटरनल, टाटा कंसल्टेंसी सर्विसेज, महिंद्रा एंड महिंद्रा, बजाज फाइनेंस, रिलायंस इंडस्ट्रीज आ एचडीएफसी बैंक प्रमुख रूप से पिछड़ल रहल।

Read Also : Asia Cup: चयनकर्ता लोगन के सोझा अब एशिया कप के चुनौती, गिल-यशस्वी के संगे ई खिलाड़ी दउड़ में बा लोग सामिल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.