मौसम विभाग के हाई अलर्ट: यूपी में चक्रवाती दबाब के असर, कई जिलन में होई भारी बरखा

Share

 

आवे वाला दिन में यूपी में भारी बरखा के संभावना बा। राजस्थान आ हरियाणा पs चक्रवाती दबाव के असर उत्तर प्रदेश के मौसम पs लउकत बा। मौसम विभाग 13 जुलाई कुछ जगह पs बहुत भारी बरखा के अलर्ट जारी कईले बा अवुरी राज्य के बहुत जगह पs हल्का से मध्यम बरखा होखे के अलर्ट जारी कईले बा।

दूसर ओर केन्द्रीय जल आयोग राज्य के बहुत इलाकन में 16 जुलाई तक जलस्तर बढ़ला के चलते बाढ़ के खतरा के बारे में चेतावनी देले बा। केन्द्रीय जल आयोग के रिपोर्ट के मुताबिक नदी के जलस्तर में बढ़ोतरी के चलते बदायूं, शामली, बाराबंकी, हापुड़, कुशीनगर, मुरादाबाद, बलरामपुर, शाहजहांपुर, फर्रुखाबाद के अलर्ट क दिहल गईल बा।

क्षेत्रीय मौसम केंद्र के वरिष्ठ मौसम वैज्ञानिक अतुल कुमार सिंह के मुताबिक उत्तराखंड से सटल हिमालयी तराई जिला में कुछ जगह बेहद भारी बरखा के संभावना बा। मंगलवार के हरदोई में अधिकतम बारिश 54.2 मिमी, इटावा 53, नजीबाबाद में 35.6, झांसी में 32.4, लखीमपुर खीरी में 22 मिमी वर्षा दर्ज कइल गईल।

इहाँ यूपी के राजधानी लखनऊ में सबेरे से घनघोर बादल जमा हो गईल बा। दिन में भारी बरखा के संभावना बा।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-