Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली : यमुना के जलस्तर बढ़इलस परेशानी, घर छोड़के गइल लोगन के लगे नाहिं खाना खाए के बा नाहिं पीए के पानी

138

कुछ दिन पहिले दिल्ली में भइल रिकार्ड तोड़ बरखा आ पिछला कुछ दिन से पहाड़ी राज्यन में लगातार होखत बरखा के चलते राजधानी में यमुना के जलस्तर खतरा के निशान पार हो गइल बा। अयीसना में सावधानी बरतत प्रशासन यमुना के किनारे रहेवाला लोग के सुरक्षित जगह पs जाए के निर्देश देले रहे। बुध के दिने यमुना के जलस्तर 207.14 मीटर पार हो गइल बा। प्रशासन के निर्देश के पालन करत इ लोग घर छोड़ के पूर्वी दिल्ली के मयूर विहार में फ्लाईओवर के नीचे रह के यमुना के पानी के स्तर गिरला के इंतजार करे पs मजबूर बाड़े।

हमनी के ना त खाना बा ना पानी”

फ्लाईओवर के नीचे रहे वाली एगो महिला बतवली कि हमनी के लगे ना त खाना बा ना पेय पदार्थ। पानी खाली सबेरे आवेला आ हमनी के लइका-लइकी भूखे रहेला। एगो अउरी आदमी बतवलस कि हमनी के घर छोड़ के इहाँ आईल बानी जा लेकिन हमनी के लगे ना त खाना बा ना पीये के। हमनी के बस मजबूरी में इहाँ बईठ के दिन बितावत बानी जा।

 “अगिला कुछ दिन में अउरी बरखा होई”

महत्व के बात ई बा कि मौसम विभाग हिमाचल प्रदेश, जम्मू-कश्मीर, उत्तराखंड, हरियाणा, दिल्ली, उत्तर प्रदेश आ राजस्थान में अउरी भारी बरखा के अनुमान लगवले बा। राष्ट्रीय राजधानी में सोमार के दिने 205.33 मीटर के खतरा के निशान पार करे वाला यमुना के जलस्तर मंगल के सबेरे 206.24 हो गइल। हरियाणा में हथिनीकुंड बैराज से नदी में एक लाख से अधिका क्यूसेक पानी छोड़ल गइल बा जवना के चलते दिल्ली में बाढ़ के खतरा बहुते लउकत बा।

 “यमुना कुछ दिन पहिलवे खतरा के निशान पार क चुकल बाड़ी”।

अधिकारी कहले रहले कि यमुना नदी उम्मीद से पहिले खतरा के निशान पार क गईल बिया। अनुमान लगावल गइल कि मंगल के दुपहरिया ले ई खतरा के निशान पार करी। अधिकारी बाढ़ के शिकार निचला इलाका से लोग के निकालल शुरू क देले बाड़े। एह लोग के शहर के अलग अलग हिस्सा में राहत शिविर आ सामुदायिक केन्द्र में भेजल जा रहल बा।

दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के अध्यक्षता में सोमार के दिने एगो उच्च स्तरीय बइठक भइल जवना में शहर में बरखा के चलते पानी के कटाई आ यमुना के बढ़त जलस्तर पs चरचा कइल गइल। विशेषज्ञ के भविष्यवाणी के हवाला देत केजरीवाल कहले रहले कि, दिल्ली में बाढ़ के कवनो संभावना नईखे।

 

 

 

594890cookie-checkदिल्ली : यमुना के जलस्तर बढ़इलस परेशानी, घर छोड़के गइल लोगन के लगे नाहिं खाना खाए के बा नाहिं पीए के पानी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.