RJD के कुढ़नी विधायक अनिल साहनी के सदस्यता रद्द, LTC घोटाले ममिला में पावल गइल रहलें दोषी
राजद के अभी एगो बड़ झटका लागल बा। कुढ़नी विधायक अनिल साहनी के सदस्यता रद्द हो गइल बा। LTC घोटाला ममिला में दोषी पावल गइल बा। दिल्ली के राऊज एवेन्यू कोर्ट दोषी करार दिहल गइल बा।
आरजेडी विधायक अनिल साहनी के सदस्यता रद्द
बिहार के दु सीटन प उपचुनाव होखे वाला बा। एकरा पहिले राजद खातिर एगो बुरा खबर आइल बा। कुढ़नी विधायक अनिल साहनी के विधानसभा सदस्यता समाप्त क दिहल गइल बा। पूर्व राज्यसभा सदस्य आ आरजेडी विधायक अनिल साहनी के अवकाश आ यात्रा भत्ता घोटाला ममिला में दिल्ली के राऊज एवेन्यू कोर्ट दोषी करार देले रहे आ और तीन साल कैद के सजा सुनवले रहे। एकरा बादे से ई चर्चा चलत रहे कि अनिल साहनी के सदस्यता जा सकत बा।
का बा ममिला
अनिल साहनी प आरोप बा कि राज्यसभा सांसद रहते ऊ बिना कवनो यात्रा कइले जाली ई-टिकट आ फर्जी बोर्डिंग पास के माध्यम से 23 लाख 71 हजार रुपिया के धोखाधड़ी कइले रहे। सीबीआई एह ममिला में मनी लाउंड्रिंग एक्ट, धोखाधड़ी, सरकारी पद के दुरुपयोग के धारा के तहत ममिला दर्ज कइल गइल रहे। एलटीसी घोटाला के ममिला में 31 अक्टूबर 2013 में सीबीआई केस दर्ज कइले रहे। जवना प सुनवाई के बाद 29 अगस्त के कोर्ट अनिल सहनी समेत तीन लोगन के एलटीसी घोटाला के दोषी करार देले रहे आ तीन साल कैद के सजो सुनवले रहे।
दु सीट प होखे वाला बा उपचुनाव
ओहिजा, बिहार के दु सीट प उपचुनाव होखे वाला बा। मोकामा आ गोपालगंज सीट खातिर चुनाव होखे वाला बा। एकरा के लेके चुनाव आयोग तिथि के घोषणा क चुकल बा। राजद आ बीजेपी दुनो के तरफ सीटन खातिर प्रत्याशियन के नामन के घोषणा हो चुकल बा। अब एगो आउर सीट कुढ़नी प उपचुनाव होखे के आसार ये बा। ई सीट राजद के खाता में रहे।
Comments are closed.