मथुरा। वृंदावन में यमुना नदी में भइल दरदनाक नाव हादसा के बाद सोमार के सबेरे दूगाे आउर लाश बरामद भइल बा। एमे से एगो जुवक के लाश देवराहा बाबा घाट पs मिलल, जबकि एगो महिला के लाश बंगाली घाट लगला से बरामद भइल। अब एह हादसा में कुल मृतकन के संख्या बढ़ के 15 हो गइल बा।
सुक के दोपहरिया भइल एह मोटरबोट हादसा में अभियो कइयन गो श्रद्धालु लापता बा लोग। घटना के बाद से पीड़ित परिवारन में मातम पसर गइल बा। मथुरा से लेके पंजाब तक लापता लोगन के फोटो सोशल मीडिया पs तेजी से वायरल होत बा। जादेतर श्रद्धालु पंजाब के लुधियाना आ जगरांव इलाका के रहनिहार बतावल जा रहल बा लोग।
सोशल मीडिया पs लोग लापता श्रद्धालुअन के सकुशल मिले खातिर दुआ मांगत बा। ओने, परिवार के लोग अपनन के खोज में पंजाब से वृंदावन पहुंच गइल बा, जहां रो-रो के बुरा हाल बा। प्रशासन, स्थानीय पुलिस, संगही एनडीआरएफ आ एसडीआरएफ के टीम लगातार सर्च ऑपरेशन में लागल बाड़ी सs।
यमुना नदी के तेज बहाव आ गहराई के चलते बचाव कार्य में बहुते दिक्कत आ रहल बा। केसी घाट से लेके गोकुल बैराज तक करीब 20 किलोमीटर इलाका में खोज अभियान चलावल जा रहल बा। नदी के सात गो सेक्टर में बांट के हर सेक्टर पs अलग-अलग पुलिस अधिकारी के निगरानी लगावल गइल बा।
सोमार के सबेरे पांच बजे से फेर सर्च ऑपरेशन तेज कइल गइल, जवन दौरान दूगो आउर लाश मिलल। अब प्रशासन के पूरा ध्यान बाकी लापता लोगन के खोजे पs बा।









