मथुरा। वृंदावन में यमुना नदी में डूबल पांच लोगन में से दूगो लाश अतवार के सबेरे बरामद भइल। एगो जुवक के लाश हादसा वाला जगह से करीब तीन किलोमीटर दूर अक्रूर घाट लगे मिलल, जबकि एगो महिला के लाश देवरहा बाबा घाट के नजदीक से मिलल। एह नाव हादसा में अब तक कुल 13 श्रद्धालुअन के मौत हो चुकल बा, जबकि तीन लोग अभियो लापता बाड़ें।
एसपी ग्रामीण सुरेश चंद्र रावत बतवलें कि अतवार के सबरे जमुना नदी से एगो जवान के लाश मिलल, जवना के पहचान ऋषभ शर्मा के रूप में भइल बा। उनकर लाश हादसा स्थल से तीन किलोमीटर दूर अक्रूर घाट के लगे मिलल। ओहिजा, एगो मेहरारू के लाश देवरहा बाबा घाट लगे मिलल, जवना के पहचान 21 बरिस के डिकी बंसल के रूप में भइल बा। तीन लोग अभियो लापता बा, जेकर खोज जारी बा।
लापता श्रद्धालुअन के खोज जारी
वृंदावन में सुक के दोपहरिया भइल दर्दनाक मोटरबोट हादसा के बाद से लापता श्रद्धालुअन के खोज लगातार जारी बा। हादसा के बाद पीड़ित परिवारन में मातम पसरल बा। मथुरा से लेके पंजाब तक लापता लोगन के फोटो सोशल मीडिया पs तेजी से वायरल हो रहल बा।
बतावल जा रहल बा कि जादेतर श्रद्धालु पंजाब के लुधियाना आ जगरांव इलाका के रहे वाला रहे लाेग। लापता लोगन में पंकज मल्होत्रा, यश भल्ला आ मोनिका सामिल बा लोग। सोशल मीडिया पs लोग उनका सलामती खातिर दुआ मांगत बा।
अपना-अपना लोगन के खोज में परिवार के सदस्य पंजाब से वृंदावन पहुंच चुकल बा लोग आ रो-रो के बुरा हाल बा। प्रशासन, स्थानीय पुलिस, एनडीआरएफ आ एसडीआरएफ के टीम लगातार खोज अभियान में लागल बाड़ी सs। यमुना के तेज धारा आ गहराई के चलते राहत आ बचाव काम में दिक्कत आ रहल बा।
सात सेक्टरन में बांटल गइल यमुना
केसी घाट से लेके गोकुल बैराज तक यमुना नदी के सात गो सेक्टर में बांटल गइल बा। करीब 20 किलोमीटर के इलाका में अब डूबे वाला लोगन के खोज कइल जाई। डीआईजी आगरा रेंज के आदेस पs हर सेक्टर में एगो-एगो थाना प्रभारी निगरानी करी लोग।
सीओ मांट संदीप कुमार बतवलें कि बिहान पांच बजे से फेर से खोज अभियान तेज कइल जाई। एमे स्थानीय गोताखोर, नाविक, पीएसी, एसडीआरएफ आ एनडीआरएफ के टीम सामिल रही।
जरूरत पड़ला पs सेना के मदद लिहल जा सकी। अलग-अलग घाट पs अलग-अलग टीम तैनात कइल जाई, खासकर देवरहा बाबा घाट आ आसपास के इलाका पs खास नजर रखल जा रहल बा। आसपास के जिला प्रशासन के सतर्क कs दिहल गइल बा।








