दिल्ली: दिल्ली के नांगलोई इलाका में एगो बिल्डिंग में लागल भीषण आग

Minee Upadhyay
दिल्ली के नांगलोई इलाका में एगो बिल्डिंग में लागल भीषण आग

दिल्ली के नांगलोई इलाका में एगो भवन में भारी आग लाग गईल अवुरी बहुत तेज आग के लपट निकले लागल। आग के लपट पूरा भवन के अपना चपेट में ले लेलस। आग लगला के बाद पूरा इलाका में बहुत दहशत मच गईल। रात में अचानक आग लगला के चलते बहुत लोग इमारत में अपना घर में फंस गईले, जवना में से आग के डर से दूसरा मंजिल से एगो घर के बालकनी से एक-एक कs के कूद के छह लोग आपन जान बचा लेले।   एतना ऊंचाई से कूदला के बाद सभके गंभीर चोट पहुंचल। सभे घाही के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

बतावल जाता कि गैस रिसाव के चलते एगो मकान के पहिला मंजिल पs आग लाग गईल अवुरी आग तेजी से ऊपरी मंजिल के ओर बढ़त रहे।  अयीसना में ऊपरी मंजिल पs रहेवाला लोग बहुत डेरा गईले। मिलल जानकारी के मुताबिक घर के पहिला अवुरी दूसरा मंजिल पs घर के सामान में आग लाग गईल। दुसरका मंजिल से 6 लोग कूदल ओकरा के पुष्पांजलि अस्पताल ले जाइल गइल जहाँ ओह लोग के इलाज चलत बा.
एह घटना के एगो भयावह वीडियो भी सामने आइल बा जवन वायरल हो रहल बा। एह वीडियो में देखल जा सकेला कि एगो बिल्डिंग में भारी आग लागल बा, जवन बढ़ रहल बा।एही बीच नीचे फायर ब्रिगेड के गाड़ी भी आग बुझावे के कोशिश में लागल बा, बाकिर एs बीच दूसरा मंजिल से एक-एक कs 6 लोग कूद गईले।

घायल लोग के नाव एs प्रकार बा…

  1. प्रांजल 19 साल
  2. प्रीति उम्र 40 साल
  3. पंकज उम्र 40 वर्ष
  4. पनव उम्र 18 साल
  5. वैभव उम्र 13 वर्ष
  6. श्वेता उम्र 20 साल

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ अयोध्या में हनुमानगढ़ी मंदिर में दर्शन कइले बिना अधूरा होला श्रीराम जी के पूजा, जानीं इतिहास

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।