मशरक। सारण के मशरक सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र के प्रभारी चिकित्सा पदाधिकारी डॉ. संजय कुमार के स्वास्थ्य विभाग निलंबित कs देले बा। डॉ. कुमार पs फर्जी जन्म प्रमाण पत्र आ जख्म प्रतिवेदन जारी करे के आरोप बा। संगही, खून के जांच खातिर जरूरी केमिकल के बेवस्था ना करे आ संस्थान के दवाइयन के दुरुपयोग करे के आरोप बा।
महेश्वर सिंह आ रंजन कुमार सिंह सहित आउर लोगन के शिकायत पs विभाग दु सदस्यीय जांच समिति बनवलस। जांच में डॉ. कुमार के दोषी पावल गइल। विभाग उनका के कर्तव्य के प्रति लापरवाही के दोषी मानत तत्काल प्रभाव से निलंबित कइले बा।
निलंबन अवधि में मिली जीवन निर्वाह भत्ता
निलंबन अवधि में डॉ. कुमार के जीवन निर्वाह भत्ता मिली। एह दौरान उनकर मुख्यालय स्वास्थ्य विभाग, पटना रही। विभागीय सूत्रन के अनुसार ममिला के जांच जारी बा। जरूरत पड़ला पs अउरियो विभागीय कार्रवाई कइल जा सकत बा।
स्थानीय लोगन के कहनाम बा कि स्वास्थ्य सेवा में अइसन अनियमितता चिंताजनक बा। कुछ लोग एकरा के स्वास्थ्य बेवस्था में सुधार के दिशा में सकारात्मक डेग मान रहल बा।








