Maruti Suzuki Recall: मारुति सुजुकी एस-प्रेसो आ ईको के 87,599 यूनिट्स वापस मंगवलस, आइल ई खराबी

Share

देस के सबसे बड़ कार निर्माता कंपनी Maruti Suzuki (मारुति सुजुकी) खराब स्टीयरिंग टाई रॉड्स के बदले खातिर 87,599 वाहनन के वापस बोलवले बिया। कंपनी एगो मार्केट फाइलिंग में एकर जानकारी देले बिया।

ई कार भइल प्रभावित

वाहन निर्माता एलान कइलस कि ऊ अपना S-Presso (एस-प्रेसो) आ Eeco (ईको) मॉडल के 87,599 यूनिट्स के वापस मंगा रहल बिया, जवन 5 जुलाई, 2021 आ 15 फरवरी, 2023 के बीच बनावल गइल बा।

Maruti Suzuki Eeco – फोटो : Maruti Suzuki

मारुति सुजुकी एगो प्रेस बयान में कहलस, “अइसन आशंका बा कि अइसन वाहनन में इस्तेमाल होखे वाला स्टीयरिंग टाई रॉड के एगो हिस्सा में संभावित खराबी बा, जवन कुछ दुर्लभ ममिलन में, टूट सकत बा आ वाहन के संचालन क्षमता आ हैंडलिंग के प्रभावित कs सकत बा।”

एमे कहल गइल बा कि दोषपूर्ण हिस्सा के जांच आ रिप्लेसमेंट खातिर मारुति सुजुकी के अधिकृत डीलर वर्कशॉप प्रभावित वाहन मालिकन से संपर्क करी। खराबी पावल गइला पs रिप्लेसमेंट मुफ्त में कइल जाई।

कंपनी के मुताबिक ई रिकॉल सोमार 24 जुलाई, 2023, सांझ 06:30 बजे से प्रभावी बा।

2022 Maruti Suzuki S-Presso – फोटो : Maruti Suzuki

मारुति एस-प्रेसो

मारुति 2019 में एस-प्रेसो लॉन्च कइले रहे। 25.3 किमी प्रति लीटर तक के माइलेज देवे वाली आइडल-स्टार्ट-स्टॉप टेक्नोलॉजी के संगे 1-लीटर पेट्रोल इंजन वाला एगो नया वर्जन पिछला साल लॉन्च कइल गइल रहे। ई मॉडल डुअल एयरबैग, हाई-स्पीड अलर्ट सिस्टम, सब वैरिएंट्स में रिवर्स पार्किंग सेंसर स्टैंडर्ड आ एजीएस वैरिएंट में हिल होल्ड असिस्ट के संगे इलेक्ट्रॉनिक स्टेबिलिटी प्रोग्राम (ईएसपी) जइसन फीचर्स के संगे आवेला।

Maruti Suzuki Eeco – फोटो : Maruti Suzuki

मारुति सुजुकी ईको

मारुति सुजुकी 2022 में 5.10 लाख रुपिया  (एक्स-शोरूम) के कीमत पs ईको एमपीवी के एगो नया वर्जनो लॉन्च कइलस। नया ईको 13 वैरिएंट्स में उपलब्ध बा, जेमे 5-सीटर कॉन्फिगरेशन, 7-सीटर कॉन्फिगरेशन, कार्गो, टूर आ एम्बुलेंस वर्जन सामिल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-