Chhapra News: 438 करोड़ से होई छपरा रेलवे स्टेशन के कायाकल्प, यात्रियन के मिली ई सुविधा

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 24, 2023

छपरा: बिहार में छपरा रेलवे स्टेशन के कायाकल्प खातिर 438 करोड़ के योजना पs रेलवे बोर्ड मुहर लगा देले बा। जवना के बाद पूर्वात्तर रेलवे प्रोजेक्ट खातिर टेंडर जारी कs देले बा। अब जल्दिये निर्माण

Share

छपरा: बिहार में छपरा रेलवे स्टेशन के कायाकल्प खातिर 438 करोड़ के योजना पs रेलवे बोर्ड मुहर लगा देले बा। जवना के बाद पूर्वात्तर रेलवे प्रोजेक्ट खातिर टेंडर जारी कs देले बा। अब जल्दिये निर्माण के प्रक्रिया सुरु कs दिहल जाई।

छपरा स्टेशन के 36 माह में पुनर्विकास काम पूरा होई। स्टेशन के दुनो तरफ बेहतर संपर्क पथ के निर्माण कइल जाई।

जानकारी के मोताबिक, वाराणसी रेल मंडल के पिछलका बैठक में छपरा जंक्शन आ छपरा में पड़े वाला रेलवे परियोजनन से संबंधित मुद्दन के पूर्व केंद्रीय मंत्री आ स्थानीय सांसद श्री रुडी उठवले रहस।

वाराणसी मंडल के बैठक में महाप्रबंधक चन्द्र वीर रमण के संगे वाराणसी रेल मंडल के प्रबंधको मवजूद रहस। सांसद द्वारा उठावल गइल विषय पs त्वरित कार्रवाई करत रेलवे छपरा जंक्शन के सौंदर्यीकरण से संबंधित परियोजना के अंतिम रूप दे देले बा।

एह संदर्भ में सांसद श्री रुडी बतवलें कि छपरा रेलवे स्टेशन के उन्नयन करे खातिर टेंडर जारी कs दिहल गइल बा। कुल 438 करोड़ रुपिया से एह रेलवे स्टेशन के कायाकल्प होई।

छपरा रेलवे स्टेशन के उच्च सुविधन के संगे अपग्रेड कइल जाई आ रेलवे स्टेशन पs यात्रियन खातिर आधुनिक सुविधन के संगे सब सुविधा उपलब्ध करावल जाई।

सांसद बतवलें कि ईपीसी (इंजीनियरिंग, खरीद आ निर्माण) मॉडल पs अपग्रेड कइल जाये वाला एह योजना में पुनर्विकास काम 36 महीना के भीतर पूरा कइल जाये के बा। योजना के तहत स्टेशन के दुनो तरफ संपर्क पथ के निर्माणो कइल जाई, जवना के रूपरेखा जल्दिये तइयार कइल जाई।

साभार: दैनिक जागरण

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.