मार्क जुकरबर्ग भी छोड़े वाला बानें कंपनी, इस्तीफ़ा के रिपोर्ट पर कम्युनिकेशन हेड का कहनें

कुमार आशू

Meta के सीईओ मार्क जकरबर्ग हाल ही में 11,000 लोग के नौकरी से निकलनें। एह छंटनी के ले के मार्क माफी भी मंगले बानें अउर अब खुद मार्क जकरबर्ग के इस्तीफा के खबर बा। रिपोर्ट के मुताबिक मार्क जकरबर्ग अगिले साल यानी 2023 में इस्तीफा दे सकतने। कहल जा रहल बा कि लगातार फेल हो रहल कंपनी के प्रोजेक्ट के बाद बड़ बदलाव के तैयारी चल रहल बा, हालांकि मार्क जकरबर्ग के इस्तीफा के रिपोर्ट के मेटा के प्रवक्ता खारिज कs दिहल बानें। मेटा के कम्युनिकेशन हेड एंडी स्टोन इस्तीफा के रिपोर्ट के अफवाह बतवले बानें।

द लीक नाम के वेबसाइट अपने रिपोर्ट में मार्क जकरबर्ग के कंपनी छोड़ले के दावा कइल गइल बा। रिपोर्ट में कहल गइल बा कि मार्क जकरबर्ग मेटावर्स (metaverse) प्रोजेक्ट पर पानी के तरह पैसा बहवलें लेकिन रिजल्ट नाइ आ रहल बा। एकरे अलावा कंपनी के लगातार नुकसान भी हो रहल बा। मार्क जकरबर्ग के VR प्रोजेक्ट के भी बाजार से कुछ खास रेस्पॉन्स नाइ मिल रहल बा।

एसे पहिले पिछले महीने फाइनेंशियल टाइम्स अपने रिपोर्ट में कहले रहल कि मेटा के निवेशक अब मार्क जकरबर्ग पर भरोसा नाइ कs रहल बा। मेटा में निवेश करे वालन के संख्या अब दोगुनी से भी कम हो गइल बा। ई सब ब्रैड गेर्स्टनर के एगो ओपन लेटर के बाद सोझे आइल बा। जेकर फंड अल्टीमीटर कैपिटल सैकड़न मिलियन डॉलर के मेटा शेयर के मालिक हवें।

कहल जा रहल बा कि मेटावर्स जइसन प्रोजेक्ट के फेल होखले अउर निवेशकन के गइले के बाद मार्क जकरबर्ग खुद के जवाबदेह ठहरावे वाला बानें। मेटावर्स के कारण मेटा के स्टॉक 70% से अधिक गिरल बा। हालांकि रिपोर्ट में इहो कहल जा रहल बा कि मार्क के इस्तीफा सिर्फ एगो पीआर स्टंट ह।

Share This Article