Meta India: फेसबुक के पैरेंट कंपनी मेटा गेंमिग दिग्गज संध्या देवनाथन के बनवलास इंडिया हेड

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 18, 2022

Meta India: फेसबुक (Facebook) के पैरेंट कंपनी मेटा ( Meta) संध्या देवनाथन ( Sandhya Devanathan) के मेटा इंडिया ( Meta India) के प्रमुख के तौर प नियुक्त कइले बा। पूर्व कंट्री हेड अजीत मोहन (Ajit

Share

Meta India: फेसबुक (Facebook) के पैरेंट कंपनी मेटा ( Meta) संध्या देवनाथन ( Sandhya Devanathan) के मेटा इंडिया ( Meta India) के प्रमुख के तौर प नियुक्त कइले बा। पूर्व कंट्री हेड अजीत मोहन (Ajit Mohan) के इस्तीफा देला के एक हफ्ता के बाद संध्या देवनाथन के इंडिया हेड बनावल गइल बा। संध्या देवनाथन के फोकस बिजनेस ( Business) आ रेवेन्यू (Revenue) ले आवे प रही। ऊ मेटा एपीएसी ( Meta APAC) के वाइस प्रेसीडेंट डैन नियरी ( Dan Neary) के रिपोर्ट करिहें। संगही ऊ APAC लीडरशिप टीम के हिस्सो होइहें।

संध्या देवनाथन एक जनवरी 2023 के मेटा इंडिया हेड के पदभार संभरिहें। ओकरा बाद मेटा इंडिया के अगुवाई करे आ ओकर रणनीति तइयार करे खातिर ऊ भारत वापस आ जइहें। संध्या देवनाथन प इंडिया चार्टर ( India Charter) तइयार कइला के संगे देश के नामी गिरामी ब्रांड्स (Leading Brands), क्रिएटर्स ( Creators), एडवर्टाइजर्स (Advertisors) के संगे बेहतर रिश्ता स्थापित करे के जिम्मेदारी होई।

संध्या देवनाथन के 22 साल के करियर प नजर डालल जाव त ऊ बैंकिंग, पेमेंट आ टेक्नोलॉजी क्षेत्र में काम कइलें बाड़ी। 2016 में ऊ मेटा ज्वाइन कइलें रहली। ओकरा बाद ऊ सिंगापुर आ वियतनाम में कंपनी के कारोबार आ ओकर टीम के बनावे के काम कइली। संध्या देवनाथन दक्षिणपूर्व एशिया में मेटा के ई-कॉमर्स (E-Commerce) व्यवसाय के स्थापित करे में मदद कइली।

मेटा के चीफ बिजनेस ऑफिसर Marne Levine ने कहलें कि डिजिटल अडॉप्शन (Digital Adoption) के लेके भारत सबसे आगे बा आ मेटा रील्स (Reels) आ बिजनेस मैसेजिंग ( Business Messaging) जइसन कई टॉप प्रोडक्ट्स के भारत में लॉन्च कइलें बा। हाले में हमनी के भारत में कस्टमर के शॉपिंग अनुभव देवे ला व्हाट्सएप (WhatsApp) प जियोमार्ट ( JioMart) के लॉन्च कइलें बा। हम हर्ष के संगे भारत में नया लीडर के तौर प संध्या देवनाथन के स्वागत करत बानी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.