पूर्वोत्तर रेलवे के कइयन गो ट्रेन रद्द: बलिया-शाहगंज समेत आउर गाड़ी ना चलिहें सs, वाराणसी मंडल में इंजीनियरिंग कार्य के लेके निर्णय

Share

रेलवे के तरफ से लगातार इंजीनियरिंग कार्य कइल जा रहल बा। एही क्रम में वाराणसी मंडल के इंदारा-फेफना खण्ड पs इंदारा-रतनपुर-रसड़ा के बीच दोहरीकरण खातिर प्री-नॉन इंटरलॉक, नॉन इंटरलॉक कार्य होई। जवना कारण गाड़ियन के रद्द कइल गइल बा।

पूर्वोत्तर रेलवे के कइयन ट्रेन रद्द कइल गइल बाड़ी सs। ट्रेनन के रद्द होखे के जानकारी पूर्वोत्तर रेलवे के जनसम्पर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें। एह ट्रेनन के रद्द कइल गइला से छपरा के यात्रियन के रनिंग थ्रू यात्रा करे में परेसानी के सामना करे के पड़ी। निश्चित अवधि के बाद सब ट्रेन नियत समय आ मार्ग से संचालित होखे लगिहें सs।

रद्द ट्रेनन के सूची

– बलिया से 01 से 05 मार्च, 2024 तक चले वाली 05171 बलिया-शाहगंज अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।

– शाहगंज से 02 से 06 मार्च, 2024 तक चले वाली 05172 शाहगंज-बलिया अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।

– बलिया से 03 से 05 मार्च, 2024 तक चले वाली 05167 बलिया-शाहगंज अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।

– शाहगंज से 03 से 05 मार्च, 2024 तक चले वाली 05168 शाहगंज-बलिया अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।

– दोहरीघाट से 03 से 05 मार्च, 2024 तक चले वाली 05477 दोहरीघाट-मऊ अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।

– मऊ से 03 से 05 मार्च, 2024 तक चले वाली 05478 मऊ-दोहरीघाट अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-