Bangladesh: ढाका के सात मंजिला इमारत में विस्फोट से 14 के मौत, 100 से जादे लोगन के घायल होखला के सूचना

Anurag Ranjan

बांग्लादेश के ढाका में एगो सात मंजिला इमारत में मंगर के जोरदार धमाका भइल, जेमे कम से कम 14 लोगन के मारल गइला के सूचना बा। एकरा अलावे 100 से जादे लोग घायल हो गइल बा।

समाचार एजेंसी स्थानीय मीडिया के हवाले से इमारत में भइल धमाका के जानकारी देलस। एजेंसी के मोताबिक कम से कम 14 लोगन के मौत भइल, जबकि 100 से जादे लोग घायल भइल बा।

एगो अधिकारी बतवलें कि धमाका कवना वजह से भइल? ई स्पष्ट नइखे भइल। हालांकि, मरे वालन के संख्या में इजाफा हो सकत बा, काहेकि राहत आ बचाव अभियान जारी बा।

मवका पs दमकल के कइयन गो गाड़ी मवजूद

स्थानीय मीडिया फायर सर्विस कंट्रोल रूम के हवाले से बतवलस कि सांझ के करीब 4 बजके 50 मिनट पs धमाका के बाद दमकल के कइयन गो इकाइयन के मवका पs भेजल गइल।

एगो पुलिस अधिकारी बतवलें कि घायलन के ढाका मेडिकल कॉलेज अस्पताल ले जाइल गइल। एह तमाम लोगन के अस्पताल के आपातकालीन इकाई में इलाज चल रहल बा। रैपिड एक्शन बटालियन (RAB) के बम निरोधक इकाई घटनास्थल पs इमारतन के निरीक्षण करी।

बैंक के देवाल भइल क्षतिग्रस्त

जवना इमारत में धमाका भइल ओकरा ग्राउंड फ्लोर पs सैनिटरी उत्पादन खातिर कइयन गो स्टोर बा आ बगल वाला इमारत में BRAC बैंक के एगो शाखा इस्थित बा। रिपोर्ट में कहल गइल बा कि धमाका के वजह से बैंक के कांच के देवाल टूट गइल आ सड़क के दूसरका ओर मवजूद एगो बस क्षतिग्रस्त हो गइल।

ऑक्सीजन प्लांट में भइल रहे धमाका

एकरा पहिले सनीचर के बांग्लादेश के चटोग्राम के लगे इस्थित एगो ऑक्सीजन प्लांट में धमाका के बाद भीषण आग लगला से पांच लोगन के मौत हो गइल रहे। स्थानीय लोग बतवले रहे कि चटोग्राम के सीताकुंडा उपजिला के केशबपुर इलाके में सांझ के करीब साढ़े चार बजे ऑक्सीजन प्लांट में तेज आवाज सुनल गइल, जवना के बाद आग लग गइल। एह दौरान दमकल के नौ गो गाड़ी आग बुझावे में जुटल रहे।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।