[the_ad_group id="30365"]

Bihar: दिल्ली जा रहल स्वतंत्रता सेनानी एक्सप्रेस में लागल आग; काबू पइला के बाद आगे खातिर रवाना भइल ट्रेन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जयनगर से नई दिल्ली जाये वाली स्वतंत्रता सेनानी सुपरफास्ट एक्सप्रेस के पैंट्रीकार में सोमार के सांझ आग लाग गइल। पंडासराय के लगे चलत ट्रेन में आग लगला के भनक जइसही रेलवे कर्मचारियन के लागल, तुरंते ट्रेन के रोकल गइल। एह दौरान यात्री लोग ट्रेन से कूदके भागे लागल।

कंट्रोल रूम के दिहल गइल आग लगला के सूचना

स्टेशन लगे होखला के वजह से ट्रेन के गति बहुते कम रहे एहिसे ट्रेन के तत्काल रोक दिहल गइल। एकरा बाद कंट्रोल रूम के एकर सूचना दिहल गइल। ट्रेन में आग लगला के सूचना मिलतही स्थानीय लोगन के भीड़ उहां जमा हो गइल।

अगल-बगल के बोगियन के निचला हिस्सन में लागल आग

आग के लपट एतना भयावह रहे कि अगल-बगल के बोगियन के निचलका एकरा संपर्क में आवे लागल रहे। तत्काल अग्निशामक यंत्र से काबू पावे के  कोसिस सुरू कइल गइल। तब तक फायर ब्रिगेड के टीम आ दमकल के दु गो गाड़ियों मवका पs पहुंच गइल। एकरा बाद बहुत मशक्कत के बाद आग पs काबू पा लिहल गइल।

एह कारण से लागल आग

अभी तक मिलल जानकारी के मोताबिक, पैंट्रीकार के लगे ब्रेक बाइंडिंग के कारण धुंआ उठला के संगही पैंट्रीकार में आग लगला के बात बतावल जा रहल बा। आग पs पूरा तरे काबू पइला के लगभग घंटाभर बाद ट्रेन के समस्तीपुर खातिर रवाना कs दिहल गइल।

जांच-पड़ताल के बाद आगे खातिर कइल गइल रवाना

बतावल जात बा कि उहां जांच-पड़ताल के बाद ट्रेन के आगे खातिर रवाना कइल जाई। पूर्व मध्य रेल हाजीपुर के मुख्य जनसंपर्क पदाधिकारी वीरेंद्र कुमार बतवलें कि आग ना लागल रहे बलूक ब्रेक बाइंडिंग हो गइल रहे। ब्रेक ब्लॉक के छोड़ाके गाड़ी चल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]