मनोज भावुक बनलें अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के कला मंत्री 

Share

जमशेदपुर में आयोजित अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के 27वां अधिवेशन (स्वर्ण जयंती वर्ष ) में सुप्रसिद्ध लेखक, संपादक, टीवी प्रस्तोता, रंगकर्मी, फिल्म गीतकार आ भोजपुरी सिनेमा के इतिहासकार मनोज भावुक के संस्था के नया कार्यकारिणी में ” कला मंत्री ” नियुक्त कइल गइल बा। पच्चीस वर्ष पहिले मनोज भावुक एह संस्था के प्रबंध मंत्री रह चुकल बाड़ें।

मनोज भावुक खबर भोजपुरी से बातचीत में बतवलें कि भोजपुरी में हमार सुरुआत एही संस्था से भइल बा। तब आचार्य पांडेय कपिल एह संस्था के अध्यक्ष रहे आ भोजपुरी फिल्म गीतकार ब्रजकिशोर दुबे कला मंत्री रहे लो। अब अध्यक्ष बनल बाड़ें डॉ. ब्रज भूषण मिश्र आ कला मंत्री के प्रभार हमरा के दिहल गइल बा।

जगजाहिर बा कि अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन भोजपुरी के एकमात्र अइसन गौरवशाली संस्था बा जवना के नेतृत्व डॉ. उदय नारायण तिवारी, आचार्य हजारी प्रसाद द्विवेदी, आचार्य देवेंद्र नाथ शर्मा, डॉ. विवेकी राय, पांडेय कपिल, डॉ. प्रभुनाथ सिंह, डॉ. रिपुसूदन श्रीवास्तव आ डॉ. हरेराम त्रिपाठी चेतन सरीखा विद्वान कइले बा लो।

मनोज भावुक साहित्य, सिनेमा, रंगमंच, कला, सम्मेलन, समारोह आ देस-बिदेस में भोजपुरी के प्रचार-प्रसार के एक्सपर्ट मानल जाले । मनोज विश्व भोजपुरी सम्मेलन के दिल्ली आ इंग्लैंड इकाई के अध्यक्ष रह चुकल बाड़ें।

वर्तमान में भोजपुरी जंक्शन पत्रिका के संपादक, अचीवर्स जंक्शन के निदेशक आ नामवर सिंह स्थापित नारायणी साहित्य अकादमी के महासचिव बाड़ें।

कला

भोजपुरी में उल्लेखनीय जोगदान खातिर भारतीय भाषा परिषद, भाऊराव देवरस सेवा संस्थान आ विश्व के कइयन गो प्रतिष्ठित संस्था समेत फिल्मफेयर आ फेमिना जइसन संस्था मनोज के सम्मानित कइलस।

एह अवसर पs मनोज ने ” विश्व पटल पर भोजपुरी ” विषय पs आयोजित संगोष्ठी के संचालन कइलें। एकर अध्यक्षता भोजपुरी स्पीकिंग यूनियन के चेयरपर्सन डॉ. सरिता बुधू कइली।

साहित्य, सिनेमा आ कला के संगम मनोज भावुक के कला मंत्री बनला पs सिनेमा आउर साहित्य जगत के तमाम हस्ती उनका के बधाई दिहल लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-