मनीष रंजन के पेयजल आ स्वच्छता विभाग के जिम्मेदारी, अमिताभ कौशल बनले योजना सचिव

Share

रांची: राज्य सरकार के ओर से नौकरशाह के जिम्मेदारियन में फेरबदल करे के सिलसिला जारी बा। एही कडी में एगो फेरबदल करत कइयन गो वरिष्ठ आईएएस अधिकारियन के विभाग बदलल गइल तs कुछ के अतिरिक्त जिम्मेदारी दिहल गइल बा। सुक के रात के कइयन गो सचिव स्तर के अधिकारियन के विभाग बदल दिहल गइल बा। एह नया बदलाव के तहत मनीष रंजन के पेयजल आ स्वच्छता विभाग के जिम्मेदारी दिहल गइल बा। मनोज कुमार के पर्यटन कला संस्कृति खेलकूद युवा कार्य ममिला के सचिव बनावल गइल बा। राजेश शर्मा के परिवहन विभाग के सचिव बनावल गइल बा। प्रशांत कुमार के अपना काम के संगे ग्रामीण विकास विभाग के जिम्मेदारी दिहल  गइल बा।

ओहिजा वित सचिव अजय कुमार सिंह के स्थानांतरित करत ग्रामीण कार्य विभाग के जिम्मेदारी दिहल गइल बा। हालांकि अजय कुमार सिंह के लगे वित विभाग के अतिरिक्त प्रभारो रही। एटीआई के निदेशक के रूप में कार्यरत रहल के श्रीनिवासन अब कल्याण विभाग के सचिव के काम देखिहें, माने  श्रीनिवास के कल्याण विभाग के सचिव बनावल गइल बा।  एही तरे मनोज कुमार के पर्यटन आ कला-संस्कृति आ विप्रा भाल के आईटी विभाग के जिम्मेदारी सउपल गइल बा।

अमिताभ कौशल बनले योजना विभाग के सचिव

जमशेदपुर सहित अलग-अलग जिलन में उपायुक्त रहल अमिताभ कौशल के जिम्मेदारी बदलल गइल बा। इनका के स्थानांतरित करत योजना विभाग के सचिव बनावल गइल बा। हालांकि योजना सचिव के संगे आपदा प्रबंधन विभाग पहिले लेखा रही।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-