Manish Kashyap: ‘कॉलेज के सबसे खूबसूरत लइकी के हम…’, मनीष कश्यप सुनवले लव स्टोरी; कहले- फेलो भइल रही

Share

Bihar Politics बिहार के यूट्यूबर आ पश्चिमी चंपारण से निर्दलीय चुनाव लड़े के एलान करे वाला मनीष कश्यप के एगो वीडियो तेजी से वायरल हो रहल बा जवना में उऽ आपन अधूरा लव स्टोरी सुनावत नजर आ रहल बाड़न। मनीष कश्यप कहले कि उऽ कॉलेज के सबसे खूबसूरत लड़की के पसंद करत रहले। उऽ कहले कि उऽ कॉलेज में कई गो विषय में फेलो हो गइल रहले।

Bihar Political News Today: बिहार के यूट्यूबर मनीष कश्यप ए घरी पश्चिमी चंपारण से चुनाव लड़े खातिर ताल ठोक रहल बाड़न। उऽ नामांकन से पहिले छोट-मोट सभा कर के लोगन से खुद के मतदान करे के अपील कर रहल बाड़न। उऽ बिल्कुल पुरनका आ ठेठ अंदाज में लोगन के सामने नजर आ रहल बाड़न। हालांकि, मनीष कश्यप के सिम्बॉल अबहीं ले नइखे मिलल।

मनीष कश्यप सुनवले अधूरा लव स्टोरी

ए सब के बीच मनीष कश्यप (Manish Kashyap) के एगो अइसन वीडियो वायरल हो रहल बा जेमें उऽ कॉलेज के पुरान बात सुनावत नजर आ रहल बाड़े। उऽ एगो एक कार्यक्रम में युवा सन के संबोधित करत आपन अधूरा लव स्टोरी बतवले। मनीष कश्यप कहले कि हमहू कॉलेज के सबसे खूबसूरत लड़की के प्यार करत रहनी बाकिर जेब में पइसा ना होखे के वजह से प्यार आगे ना बढ़ल।

हमहू फेल भइल रही: मनीष कश्यप

मनीष कश्यप (Manish Kashyap) कहले कि बहुत बार हम इंजीनियरिंग में फेलो भइनी। हम एम 1, एम 2 में फेल भइनी। हमार पेपरो बैक भइल बाकिर हम हिम्मत ना हरनी। शिक्षक कहले कि तोहार प्लेसमेंट ना होई मनीष। एपर हम सीना ठोक के कहनी कि सर हमार प्लेसमेंट होई आ हम फाइनल सेमेस्टक फर्स्ट डिवीजन से पास भइनी।

के हऽ मनीष कश्यप

बता दी कि मनीष कश्यप बिहार के यूट्यूबर हउअन, जे आए दिन अपना बयान से चर्चा में रहेले। मनीष कश्यप वो घरी चर्चा में आ गइले, जब तमिलनाडु सरकार उनका पऽ NSA लगा देले रहे। मनीष कश्यप के ऊपर मदजूरन के फर्जी वीडियो शेयर करे के आरोप लागल रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-