Manipur Violence: मणिपुर हिंसा के लेके सरकार सख्त, उपद्रवियन के देखतही गोली मारे के दिहल गइल आदेस 

Share

मणिपुर में आदिवासियन के आंदोलन के दौरान भड़कल हिंसा के बाद इस्थिति के नियंत्रित करे खातिर प्रदेश सरकार सख्त नजर आ रहल बिया। बता दीं कि हिंसाग्रस्त इलाकन में उपद्रवियन के देखतही गोली मारे के आदेस दिहल गइल बा।

एजेंसी के मोताबिक राज्यपाल उपद्रवियन के देखतही गोली मारे के आदेस के मंजूरी देले बाड़ी। बता दीं कि हिंसा प्रभावित इलाकन में सेना आ असम राइफल्स के तैनाती कइल गइल रहे। सेना के एगो प्रवक्ता ई जानकारी साझा कइलें।

अबतक 9,000 लोगन के निकालल गइल 

सुरक्षाबल हिंसा प्रभावित इलाकन से अब तक 9,000 लोगन के सुरक्षित निकलले बा। सेना के एगो प्रवक्ता बतवलें कि अभी आउर लोगन के सुरक्षित जगहन पs पहुंचावल जा रहल बा। एकरा पहिले आठ जिलन में कर्फ्यू लगावल गइल रहे, जबकि पांच दिनन खातिर इंटरनेट सेवा के बंद कs दिहल गइल रहे।

केंद्रीय बलन के लेके इंफाल पहुंचल विमान

भारतीय वायु सेना के एगो विमान बियफे के सांझ के केंद्रीय बलन के लेके इंफाल पहुंचल बा। एकर एगो वीडियो सामने आइल बा। जेमे सुरक्षाबलन के विमानन से उतरत देखल जा सकत बा।

CM कइलें शांति के अपील

मुख्यमंत्री एन बिरेन सिंह सब लोगन से शांति बना के रखे के अपील कइलें। ऊ ट्वीट कइलें, ”राज्य में सभे से हमार विनम्र अपील बा कि एह घड़ी में शांति आ सद्भाव बना के रखे में सरकार के सहजोग करीं।”

साभार: दैनिक जागरण

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-