Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हत्या: कसाई के काम करे वाला ‘लिव इन पार्टनर’ के ही 40 टुकड़ा में कटलस

0 45

 

 

झारखंड के खूंटी जिला से हत्या के दिल दहला देवे वाला मामला सोझा आईल बा। इहाँ कसाई के काम करे वाला एगो युवक अपना ‘लिव इन पार्टनर’ के हत्या कs के ओकर शव के 40 से 50 टुकड़ा कs के फेंक देलस। हत्या तब सोझा आईल जब पुलिस के एगो आवारा कुत्ता के लगे इंसान के शरीर के अंग मिलल। पुलिस बुध के दिने एह पूरा हत्या के बारे में जानकारी दिहलस. आरोपी के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा हत्या के इs घटना जनता के चौंका देले बा।

दूसर महिला से कs लिहले रहे बियाह

पुलिस के मुताबिक खुंटी जिला के 25 साल के नरेश भेंगरा कुछ समय से तमिलनाडु के अपना शहर के 24 साल के लईकी के संगे ‘लिव-इन रिलेशनशिप’ में रहत रहले। हालांकि कुछ समय पहिले उs घरे आके बिना कवनो जानकारी के दोसरा महिला से बियाह कs लेले। एकरा बाद उs अपना पत्नी के बिना वापस तमिलनाडु चल गईले। कुछ समय बाद युवक अवुरी लईकी वापस खूंटी लवट गईले बाकिर आरोपी नरेश लईकी के अपना घरे ना ले जाए के चाहत रहले। एकरा संगे 8 नवंबर के उs इs घिनौना हत्या कs देलस.

पहिले बलात्कार ओकरा बाद हत्या 

पुलिस के मुताबिक, लईकी के इs ना मालूम रहे कि आरोपी नरेश के बियाह हो गईल बा। नरेश आ लइकी पहिले रांची पहुँचलें आ फेर नरेश के गाँव खातिर रवाना हो गइल। पुलिस के कहल बा- “योजना के तहत नरेश एगो ऑटोरिक्शा से महिला के अपना घर के नजदीक खुंटी ले गईल अवुरी इंतजार करे के कहलस। उs तेज हथियार लेके अईलस अवुरी ओकरा संगे दुष्कर्म के बाद दुपट्टा से गला घोट के हत्या कs देलस। एकरा बाद उ लाश के 40 से 50 टुकड़ा में काट के अपना पत्नी के संगे रहे खातीt घरे चल गईल।”

सबेरे-सबेरे: पेट के प्रॉब्लम्स करीं दूर इs तीन गो योगासन , सामिल करीं रोजमर्रा के जिंदगी में

आरोपी चिकन काटे में माहिर रहे

पुलिस के मुताबिक आरोपी तमिलनाडु राज्य के कसाई के दोकान में काम करत रहले अवुरी मुर्गी काटे में माहिर रहले। आरोपी पकड़ला के बाद आपन अपराध कबूल कs लेले बा। लईकी के शरीर के अंग के 40 से 50 टुकड़ा में काट के जंगल में जंगली जानवर के खाए खातीर छोड़ देलस। पुलिस जंगल में एगो बैग भी बरामद कईले बिया, जवना में लईकी के आधार कार्ड अवुरी बाकी सामान मिलल बा। मौका पs लईकी के महतारी के बोलावल गईल अवुरी उs अपना बेटी के सामान के पहचान कइली।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Leave A Reply