पत्नी पs पति के आइल एतना गुस्सा, दहेज के कुल सामान में लगा दिहलस आग

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 28, 2024

  मध्य प्रदेश के ग्वालियर शहर से पति-पत्नी के बीच विवाद के एगो अनोखा मामला सोझा आईल बा। पत्नी से चलत विवाद से नाराज पति दहेज के रूप में मिलल घर के सामान निकाल के

Share

Crime

 

मध्य प्रदेश के ग्वालियर शहर से पति-पत्नी के बीच विवाद के एगो अनोखा मामला सोझा आईल बा। पत्नी से चलत विवाद से नाराज पति दहेज के रूप में मिलल घर के सामान निकाल के आग लगा देले, जवन कि पूरा तरीका से जरि के राख हो गईल। घटना के दौरान पति उहाँ शांति से टहलत रहे, जबकि आग के लपट बढ़ते नजदीक के लोग घटना के देख के बाहर निकल के एगो वीडियो बनवले, जवन कि सोशल मीडिया पs वायरल हो गईल। आग लगला के जानकारी मिलते फायर ब्रिगेड मौका पs पहुंच के आग पs काबू पा लिहलस, बाकिर तब ले घर के सामग्री पूरा तरीका से जर के राख हो गईल रहे।

लोग पुलिस के दिहलें सूचना

असल में ग्वालियर शहर के बहोड़ापुर थाना क्षेत्र के आनंद नगर इलाका में रहे वाला श्रीराम कुशवाहा के पत्नी रजनी कुशवाहा से रोज विवाद होखत रहे। काल फेरु दुनों के बीच विवाद हो गईल। विवाद एतना बढ़ गईल कि पति खिसिया के घर के सामान बाहर फेंक देले। फेर ओकरा पs मट्टी तेल डाल के आग लगा दिहलस। आग लगवला के बाद पति आराम से ओहिजा टहलत रहे। जब आग के लपट उठल तs पास के लोग बाहर निकल गईले। कुछ स्थानीय लोग फायर ब्रिगेड अवुरी पुलिस के सूचना देले।

पुलिस पूछताछ के दौरान पति बतवलस

शुरू में लोग सोचत रहे कि आग शार्ट सर्किट के चलते भईल बा, बाकिर जब पुलिस पति-पत्नी से पूछताछ कईलस तs बतवले आग के लपट में पूरा सामान जरा के राख हो गईल। पुलिस पति-पत्नी के थाना ले गईल, जहां दुनो के काउंसलिंग कईल गईल अवुरी उनुका के समझावल गईल कि अयीसन विवाद से बचे के जरूरत बा। दुनु जने आपन गलती कबूल करत कहले कि भविष्य में अइसन काम ना करब. सीएसपी अशोक सिंह कहले कि, “पति-पत्नी के बीच झगड़ा बढ़ला के बाद पति खिसिया गईल अवुरी घर के सामान जरा देले। आग लागे के जानकारी मिलला के बाद पुलिस अवुरी फायर ब्रिगेड मौका पs पहुंचल, पुलिस दुनो के ले अइलस आ थाना में जाके समझवले।

सबेरे-सबेरे: पेट के प्रॉब्लम्स करीं दूर इs तीन गो योगासन , सामिल करीं रोजमर्रा के जिंदगी में

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.