भागलपुर : एगो आउर शहर प्रधानमंत्री के कार्यक्रम के लेके हाई अलर्ट मोड पs रहेI दूसरका ओर, रात 10:00 बजे शहर में मर्डर हो गइल। ममिला विश्वविद्यालय थाना अंतर्गत टीएनबी कॉलेज परिसर इस्थित सरकारी क्वार्टर के हs। जहां प्रभु नारायण मंडल (40) के सरकारी क्वार्टर में घुसके सीना में गोली मार दिहल गइल। अस्पताल ले गइला के दौरान उनकर मौत हो गइल।
मृतक प्रभु नारायण मंडल, पिता स्वर्गीय रूप नारायण मंडल मूलरूप से ललमटिया थाना अंतर्गत नसरतखानी के रहे वाला रहे। संगही टीएनबी कॉलेज में तृतीय वर्गीय कर्मचारी के रूप में कार्यरत रहे। ऊ सद्भावना कप में महेंद्र सिंह धोनी के संगे क्रिकेट खेल चुकल रहे लो।
टीएनबी कॉलेज के कर्मचारी पs मर्डर के आरोप
ओहिजा, घटना स्थल पs मवजूद लोगन आ प्रत्यक्षदर्शी सत्यम सरकारी क्वार्टर के पीछे रहे वाला टीएनबी कॉलेज के कर्मचारी शंभू नाथ झा के बेटा संजीव झा पs हत्या के आरोप लगवले रहे। एह घटना के सदर अस्पताल में मवजूद लोग टीएनबी कॉलेज मैं बगीचा के लेके 12 लाख के बकाया से जोड़ रहल बानी।
ओहिजा, घटना के बाद परिजनन के रो-रोके बुरा हाल बा। प्रभु नारायण चार भाइयन में सबसे छोट रहे। ओकर बियाह ना भइल रहे। ओहिजा, घटना के बाद सदर अस्पताल में विश्वविद्यालय थाना के संगे-संगे तातारपुर थाना के पुलिस मवजूद रहे। घटना के बाद सीटी डीएसपी मवका पs पहुंचल रहे लो।
जिला स्तरीय क्रिकेट खिलाड़ी रहे प्रभु, हमरा आंखिन के सामने मरलस गोली
घटनास्थल पs कमरा में मवजूद मृतक प्रभु नारायण मंडल के दोस्त सत्यम बतवलें कि भारत पाकिस्तान के मैच खत्म होखला के बाद हमनी लोग मैच पs चरचा कs रहल बा लो।
ऊ बतवलें कि हमनी के हर दिन साथ में बइठते रहे लो। एही बीच लगे के क्वार्टर के रहे वाला शंभू नाथ झा के बेटा संजीव झा कमरा में पहुंचल आ जेब से पिस्टल निकालके प्रभु के सीना में गोली मार देले आ उहां से फरार हो गइल।
सत्यम आगे कहलें, जब तक हम कुछ समझ पवती तब तक प्रभु छटपटाये लागल। हम ओकरा के उहां से घसीटत पहिलही बाहर ले अवनी फेर आउर लोगन के फोन कs के ओकरा के सदर अस्पताल लेके पहुंचल, बाकिर हम अपना दोस्त के ना बचा पवनी।
ओहिजा, प्रभु के लगही के रहे वाला भतीजा बतवलस कि प्रभु नारायण मंडल जिला स्तरीय क्रिकेट खिलाड़ी रहे।
घटना के बाद गोली मारे वाला के पिता के पुलिस लेलस हिरासत में
सदर अस्पताल पहुंचल पुलिस टीम सिटी डीएसपी के नेतृत्व में देर रात घटनास्थल के जांच करे पहुंचल। जहां ऊ घटनास्थल के मुआयना कइलें। पुलिस के ओर से प्रभु नारायण मंडल के गोली मारे वाला संजीव झा के पिता शंभू नाथ झा के हिरासत में लिहल गइल बा आ पूछताछ कइल जा रहल बा।
घटना के बाद स्थानीय पुलिस मवका पs पहुंचल रहे। हमनी के हर स्तर से घटना के जांच कs रहल बानी सs। सीसीटीवी फुटेजो खंगालल जाई। घटना के का कारण बा हमनी लोग ओकरा हर बिंदु पs काम कs रहल बानी सs। एह घटना में जे केहू सामिल होई, ओकरा खिलाफ त्वरित कार्रवाई करत ओकर गिरफ्तारी कइल जाई। –अजय चौधरी, सिटी डीएसपी
Read Also: Ban vs Nz: बांग्लादेश के पहिला जीत के तलाश, न्यूजीलैंड से रावलपिंडी में भिड़ंत