Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा में भाजपा नेता के गोली मारके हत्या: घर के बाहर सुतल रहस, बाइक से आइल बदमाश माथा में मरलें सs गोली

262
Google Ads 300*250 for posts

छपरा में भाजपा नेता के गोली मारके हत्या कइल गइला के ममिला सामने आइल बा। घटना तब भइल जब ऊ सोमार के देर रात घर से बाहर सुतल रहस। बाइक सवार अपराधी उनका में गोली मार देले सs। हत्या के बाद समूचा इलाका में दहशत के माहौल बन गइल। मृतक सहजीतपुर थाना क्षेत्र के सिसई गांव निवासी मनोज ठाकुर हवे।

मनोज ठाकुर आजीवन भाजपा से जुड़ल रहल बाड़ें। अभी ऊ भाजपा के बनियापुर मंडल अध्यक्ष पद पs काम करत रहस। घटना सोमार के देर रात 2 बजे के आसपास के बतावल जा रहल बा। उनका माथा आ पेट में एक-एक गोली मारल गइल बा। माथा में गोली लगला से घटनास्थले पs उनकर मौत हो गइल। मंगर के पुलिस पोस्टमार्टम खातिर उनकर शव छपरा सदर अस्पताल भेजलस।

घटना के बारे में जानकारी देत परिजन लोग बतावल कि मनोज ठाकुर सोमार के देर रात घर से 50 मीटर दूरी पs नहर किनारे खेत में सुतल रहस। तबे दु गो बाइक पs सवार अपराधी पहुंचले सs आ गोली मार देलें सs। गोली लगला के संगही हल्ला मचावल गइला पs घर से जब परिजन मनोज ठाकुर के लगे पहुंचल लो तो ऊ लहूलुहान होके जमीन पs गिरल रहस आ कराहत रहस।

आनन-फानन में उनका के इलाज खातिर सदर अस्पताल ले जाइल गइल। बाकिर रस्ते में उनकर मौत हो गइल। हत्या के कारणन के अभी खुलासा नइखे हो सकल। परिजन लोग कुछओ बोले से परहेज कर रहल बा।

572900cookie-checkछपरा में भाजपा नेता के गोली मारके हत्या: घर के बाहर सुतल रहस, बाइक से आइल बदमाश माथा में मरलें सs गोली

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.