महाराष्ट्र के गढ़चिरौली में बड़ एनकाउंटर, 12 नक्सली ढेर, एके 47 समेत कईगो हथियार बरामद

Share

 

महाराष्ट्र के गढ़चिरौली में पुलिस अवुरी नक्सली के बीच भईल मुठभेड़ में 12 नक्सली के मउत के खबर बा। एs मुठभेड़ में दु जवान घाही हो गईल बाड़े।  दुपहरिया से शुरू भईल फायरिंग सांझ ले चलल। दुनो ओर से 6 घंटा से जादे फायरिंग जारी रहल। मुठभेड़ खतम होखला के बाद तलाशी के दौरान 12 नक्सली के लाश बरामद भईल। एकरा अलावे बड़ पैमाना पs हथियार भी बरामद भईल बा।  अबे ले 3 एके47, इंसास, 1 कार्बाइन, 1 एसएलआर सहित 7 ऑटोमोटिव हथियार बरामद भईल बा। दोसरा तरफ प्रदेश के डिप्टी सीएम देवेंद्र फडणवीस एह सफलता खातिर पुलिसकर्मी के 51 लाख रुपिया के इनाम देबे के एलान कइले बाड़न.

खुफिया जानकारी के आधार पs पुलिस अभियान शुरू कs देलस

पुलिस के मुताबिक, आज सबेरे 10 बजे खुफिया जानकारी के आधार पs गढ़चिरौली पुलिस उप सपा (ऑपरेशन) के नेतृत्व में कार्रवाई शुरू कs देलस। पुलिसकर्मी के टीम छत्तीसगढ़ सीमा के लगे वंडोली गांव पहुंचल जहां 12 से 15 नक्सली के मौजूदगी के जानकारी मिलल। पुलिस के देखते नक्सली फायरिंग शुरू कs देले। 6 घंटा ले चलल एs मुठभेड़ में 12 नक्सली मारल गईल।

मुठभेड़ में 2 पुलिसकर्मी घायल

मुठभेड़ के दौरान दु जवान के गोली भी मारल गईल। दुनु जने के खतरा से बाहर बतावल जात बा. उनुका के इलाज खातीर नागपुर भेजल गईल बा। मारल गईल नक्सली में से एगो के पहचान डीवीसीएम लक्ष्मण आत्राम उर्फ ​​विशाल आत्राम, टिपागड़ दलम के रूप में भईल बा।  बाकी माओवादियन के पहचान आ इलाका के तलाशी जारी बा.

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-