[the_ad_group id="30365"]

डोडा: आराम खातिर रुकल सेना के टीम पs आतंकी फेंकले ग्रेनेड, दु जवान घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

जम्मू कश्मीर के डोडा इलाका में पिछला कई दिन से भारतीय सेना आ आतंकियन के बीच मुठभेड़ चलत बा. घन जंगल आ दुर्गम इलाका में आतंकियन के खिलाफ चलत एह अभियान में अबले सेना के कप्तान समेत 4 जवान शहीद हो चुकल बाड़े. अब एक बेर फेरु एह इलाका से बुरा खबर सामने आइल बा. जानकारी के मुताबिक आतंकी के ओर से भईल ग्रेनेड हमला में सेना के दु जवान घाही हो गईल बाड़े। एह हमला के बारे में सब कुछ सब कुछ जानी.

हमला कईसे भईल?

दरअसल, पछिला कई दिन से भारतीय सेना चारो ओर से आतंकवादियन के घेरे के कोशिश में व्यस्त बिया। एही बीच रात भईला के बाद रात के करीब ११ बजे भारतीय सेना के कुछ टीम डोडा के कश्ती गढ़ इलाका के एगो स्कूल में घेराबंदी कs के आराम करत रहे। बाकी टीम आपन पोजीशन बनवले रखले रहली सs। एही बीच आतंकी आके ग्रेनेड से स्कूल पs हमला कईले। एह हमला में सेना के दू गो जवान घवाहिल हो गइल बाड़े.

1 हफ्ता से जवान नीचे नइखन आइल

भारतीय सेना जवाबी कार्रवाई के दौरान खुला इलाका में टेंट लगा के चाहे घात लगा के भा अलग-अलग जगह पs तैनात कईलस। पिछला 1 हफ्ता से जवाब नीचे नइखे आइल. एही कारन से उs लोग लउकत भवन में रुकल रहले ताकि एकरा के टैक्टिकल हॉल्ट के रूप में देखल जा सके।

 

 

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]