महाराष्ट्र से एगो बड़ खबर सामने आ रहल बा, कार्यवाहक मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे के स्वास्थ्य अचानक खराब हो गईल बा जवना के बाद उनुका के जूपिटर अस्पताल में भरती करावल गईल बा। महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री के नाम आजु भा काल्हु बतावल जा सकेला आ ओकरा पहिले राजनीतिक हलकन में कुछुओ हो सकेला. आज ही महायुति के एगो महत्वपूर्ण बैठक होखे वाला रहे, जवना से पहिले शिंदे के स्वास्थ्य बिगड़ गईल।
इहो पढ़ीं: सेहत: फल आ जूस शरीर खातीर का बा जादा फायदेमंद
बता दीं कि महायुति के ई सभा आजु दुपहरिया तीन बजे एकनाथ शिंदे के आधिकारिक बंगला वर्षा में होखे जा रहल बा. जानकारी के मुताबिक एs बैठक में तीनों नेता एकनाथ शिंदे, देवेंद्र फडणवीस अवुरी अजीत पवार के भागीदारी के चर्चा होखता। एह बइठक में मंत्रालयन के बँटवारा के बारे में फैसला लिहल जा सकेला. भाजपा विधायिका पार्टी के नेता चुनला के बाद महाराष्ट्र के नयका मुख्यमंत्री के नाम के घोषणा होई।









