Mahrajganj News : MBBS पहिला बरिस के दुगो छात्रन से रैगिंग, सेकंड ईयर के सात छात्रन पs जूता चटवावे के आरोप

Share

महराजगंज। केएमसी मेडिकल कॉलेज के एमबीबीएस पहिला बरिस के दुगो छात्रन से रैगिंग के ममिला सामने आइल बा। पीड़ित छात्र दुसरा बरिस के सात छात्रन पs मारपीट, गाली देवे आ जूता चटवावे के आरोप लगवले बाड़ें। घटना सोमार के सांझा के हs। पीड़ितन के तहरीर पs पुलिस आरोपी छात्रन के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज कs के जांच सुरू कs देले बिया। केएमसी मेडिकल कॉलेज के डीन डॉ. संकल्प बतवलें कि ममिला के जांच कइल जा रहल बा। जांच के बाद जरूरी कार्रवाई कइल जाई।

एमबीबीएस पहिला बरिस के दुगो पीड़ित छात्रन के ओर से पुलिस के दिहल गइल तहरीर के अनुसार, सोमार के सांझ करीब पांच बजे कॉलेज के एमबीबीएस दूसरा बरिस के छात्र स्वप्निल जायसवाल, समर प्रताप सिंह, उन्मेश, उत्कर्ष आनंद, अथर्व गर्ग, उत्कर्ष सिंह आ पुल्कित ओकर रैगिंग कइलें।

आरोप बा कि सीनियर्स लात-घूंसा आ जूतन से पीटलें सs आउर गाली देलें सs। गार्ड आ शिक्षक के हस्तक्षेप के बाद जूता चटवाके छोड़लें। जात घरी ऊ जान से मारे के धमकियो देलें सs। ऊ डायल 112 पs सूचना दिहल लोग। पुलिस मवका पs पहुंचके बाकिर कॉलेज प्रशासन मिले ना दिहल।

Read Also : Donald Trump : दावोस जात ट्रंप के विमान में तकनीकी खराबी, बीच रस्ता से एयर फोर्स वन के लवटे के पड़ल वापस

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-