[the_ad_group id="30365"]

Nepal News : कार्यवाहक पीएम सुशीला कार्की के सरकार से चार मंत्रियन के इस्तीफा, लड़िहें आम चुनाव

Nepal general election political turmoil as ministers resign from Sushila Karki government
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। नेपाल में चुनावी हलचल तेज हो गइल बा। आवे वाला आम चुनाव से पहिले राजनीतिक सरगर्मी बहुते बढ़ गइल बा। कार्यवाहक प्रधानमंत्री सुशीला कार्की के अगुवाई वाली सरकार से चार गो मंत्री चुनाव लड़े खातिर आपन-आपन पद से इस्तीफा दे देले बा लोग। ई सब नेता नेपाल में 5 मार्च के होखे वाला आम चुनाव खातिर आपन नामांकन दाखिल कs चुकल बा लोग।

विज्ञान आ शिक्षा मंत्री महाबीर पुन मंगर के आपन पद छोड़े के बाद म्याग्दी जिला से निर्दलीय उम्मीदवार के रूप में नामांकन दाखिल कइलें। एकरा पहिले सोमार के संचार मंत्री जगदीश खरेल आ खेल मंत्री बबलू गुप्ता मंत्री पद छोड़ के प्रतिनिधि सभा के चुनाव लड़े के फैसला कइले रहस।

कवन-कवन मंत्री देलें इस्तीफा?

जगदीश खरेल राष्ट्रीय स्वतंत्र पार्टी के ओर से ललितपुर-2 निर्वाचन क्षेत्र से नामांकन दाखिल कइले बाड़ें, जबकि बबलू गुप्ता सिराहा-1 सीट से पर्चा भरले बाड़ें। एही बीच, ऊर्जा आ जल संसाधन मंत्री कुलमान घिसिंग कुछ हफ्ता पहिलही इस्तीफा दे के उज्यालो नेपाल पार्टी के अध्यक्ष बन के राजनीति में नया भूमिका संभाल लेलें। घिसिंग मंगर के काठमांडू निर्वाचन क्षेत्र संख्या-3 से आपन नामांकन दाखिल कइले बाड़ें।

पीटीआई के रिपोर्ट के मोताबिक, नेपाल में होखे वाला एह आम चुनाव में कुल 1 करोड़ 89 लाख 3 हजार 689 मतदाता मतदान करे के पात्र बाड़ें। एमे 92 लाख 40 हजार 131 महिला मतदाता सामिल बा लोग।

जेन जी आंदोलन से पूर्व पीएम केपी ओली के देवे के पड़ल रहे इस्तीफा

बीतल साल सितंबर में भइल जेन जी आंदोलन के चलते पूर्व प्रधानमंत्री केपी शर्मा ओली के आपन पद से इस्तीफा देवे के पड़ल रहे। ई आंदोलन भ्रष्टाचार आ सोशल मीडिया पs प्रतिबंध के खिलाफ सुरू भइल रहे, जवन बाद में हिंसक हो गइल।

ओली के इस्तीफा के बाद 12 सितंबर के 73 बरिस के सुशीला कार्की कार्यवाहक प्रधानमंत्री के रूप में पदभार संभारे लगली। उनका सिफारिश पs राष्ट्रपति प्रतिनिधि सभा भंग कs के चुनाव के तारीख के ऐलान कइले रहली।

Read Also: Mahrajganj News : MBBS पहिला बरिस के दुगो छात्रन से रैगिंग, सेकंड ईयर के सात छात्रन पs जूता चटवावे के आरोप

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]