चन्द्र ग्रहण: आजु काशी विश्वनाथ मंदिर तीन घंटा त संकटमोचन मंदिर 10 घंटा रही बंद, जानीं कब शुरू होई दर्शन

Share

कार्तिक पूर्णिमा पर चंद्र ग्रहण के दौरान कल यानि मंगर काशी के मंदिर के कपाट बंद रही। श्रीकाशी विश्वनाथ धाम में गर्भगृह से ले के परिसर के सभी विग्रह के मंदिर के कपाट तीन घंटा ले बंद रहिहें। उहवें अन्नपूर्णा मंदिर के कपाट चार घंटा अउर श्री संकटमोचन मंदिर के कपाट लगभग 10 घंटा बंद रही।
श्री काशी विश्वनाथ मंदिर के मुख्य कार्यपालक अधिकारी सुनील कुमार वर्मा बतवलें कि कार्तिक पूर्णिमा के साँझ 5.10 बजे से साँझ 6.19 बजे ले चंद्र ग्रहण रही। एके ध्यान में रखत दूपहर 3.30 बजे से श्रीकाशी विश्वनाथ मंदिर के साथ ही अन्य सब विग्रहन के कपाट आम दर्शनार्थियन खातिर पूरा तरह से बंद रही। साँझ के 6.30 बजे उग्रह पूजा के बाद मंदिर आम दर्शनार्थियन खातिर खोलल जाई।

माई अन्नपूर्णा मंदिर के कपाट अपराह्न तीन बजे होई बंद

अन्नपूर्णा मंदिर के महंत शंकर पुरी बतवलें कि माई अन्नपूर्णा मंदिर के कपाट मंगर के अपराह्न तीन बजे से साँझ सात बजे तक बंद रही। ग्रहण पूजा के बाद आम श्रद्धालुअन खातिर कपाट खोल दिहल जाई।

संकटमोचन मंदिर के महंत प्रो. विश्वंभरनाथ मिश्र बतवलें कि मंगर के खग्रास चंदग्रहण ह। एकर सूतक काल नौ घंटे पूर्व के होला। एहलिए मंदिर के कपाट बिहाने 8.10 पर बंद हो जाई अउर साँझ के मोक्ष के बाद मंदिर खुली।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-