Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

घोघारी नदी के अलग-अलग घाटन आ तालाबन में नहान के लेके उमड़ल श्रद्धालुअन के भीड़

2,216

प्रितम सिंह, खबर भोजपुरी मशरक सारण: कार्तिक पूर्णिमा के पावन अवसर प मशरक प्रखंड क्षेत्र के घोघारी नदी के घाटन आ तालाबन में  नहाये खातिर श्रद्धालु लोगन के भीर उमड़ल। घोघरी नदी के बड़वाघाट, अरना, कवलपुरा, बहरौली, देवरिया, किसूनपुरा, चरिहारा, मशरक सतीवारतीर घाट के अलावा गोपालवाड़ी कौलेश्वर घाट सहित अलग-अलग तालाबन आ नदी घाट प श्रद्धालु लोग आस्था के डुबकी लगाई। नहान के बाद लोग दान-पुण्य कइला आ प्रेम से सतुआ आ मूरई के स्वाद चखलस।

बता दीं कि कार्तिक पुजा प गंगा नहान के खास महत्व होला आ लोग गंगा के अलावे अलग-अलग नदियन आ तालाबन में अपना सुविधा अनुसार आस्था के डुबकी लगा के सबका खातिर खुसी आ मंगल के कामना करेला।

374600cookie-checkघोघारी नदी के अलग-अलग घाटन आ तालाबन में नहान के लेके उमड़ल श्रद्धालुअन के भीड़

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.