लखनऊ के अर्जुनगंज इलाका में सीएम योगी के फ्लीट के एगो बोलेरो अनियंत्रित हो गइल। अनियंत्रित होके उऽ कई गाड़ियन से लड़ल । ए हादसा में कई गो पुलिसकर्मी आ कई हो आमो आदमी घायल हो गइल बा। घायलन के शहर के अलग-अलग अस्पतालन में ले जाइल गइल बा।। मौके पऽ पुलिस कमिश्नर-डीएम सहित वरिष्ठ अधिकारी पहुंचले। प्रमुख सचिव ग्रह संजय प्रसाद आ पुलिस कमिश्नर, डीजीपी प्रशांत कुमार मौके पऽ रहलें मौजूद।
पुलिस वालन के अलावा आम लोगो ए घटना में घायल भइल बा। ए घटना में घायल लोगन में सात गो लोग के ट्रामा सेंटर भेजल गइल तऽ छव गो घायल लोहिया अस्पताल भेजल गइले।
कुछ पुलिस वालन के गंभीर चोट आइल बा।
Post Views: 4